[the_ad_group id="30365"]

राहुल के सजा सुनाने वाला जज के कांग्रेस नेता देलें जीभ काटे के धमकी, दर्ज भइल ममिला; जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तमिलनाडु में कांग्रेस के एगो नेता पार्टी के सत्ता में अइला पs राहुल गांधी के दु साल के जेल के सजा सुनावे वाला जज के जीभ काट देवे के धमकी देले बाड़ें। कांग्रेस नेता के खिलाफ उनका टिप्पणी के लेके ममिला दर्ज कइल गइल बा।

कांग्रेस के अनुसूचित जाति, जनजाति मोर्चा तमिलनाडु के डिंडीगुल में कांग्रेस नेता राहुल गांधी के अयोग्यता के खिलाफ विरोध-प्रदर्शन करत रहे। एह प्रदर्शन में पार्टी के जिला प्रमुख मणिकंदन कहलें कि 23 मार्च के सूरत कोर्ट के न्यायाधीश हमनी के नेता राहुल गांधी के दु साल के जेल के सजा सुनवलें।

कांग्रेस नेता मणिकंदन के खिलाफ दर्ज भइल ममिला

ऊ कहले कि सुनीं जस्टिस एच वर्मा, जब कांग्रेस सत्ता में आई, तो हमनी के राउर जीभ काट देम सs। मणिकंदन के खिलाफ मामिला दर्ज कइल गइल बा आ डिंडीगुल पुलिस ममिला के जांच कर रहल बिया।

पिछला महीना कांग्रेस नेता राहुल गांधी के मोदी सरनेम पs टिप्पणी खातिर दोषी ठहरावल गइल रहे। उनका के दु साल जेल के सजा सुनावल गइल रहे। उनका सजा के बाद राहुल गांधी के संसद सदस्य के रूप में अयोग्य घोषित कs दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]