[the_ad_group id="30365"]

Champions Trophy 2025 : उद्घाटन समारोह के बिना होई चैंपियंस ट्रॉफी के आगाज, पाकिस्तान ना जइहें रोहित शर्मा

उद्घाटन समारोह के बिना होई चैंपियंस ट्रॉफी के आगाज
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


स्पाेर्ट्स डेस्क। चैंपियंस ट्रॉफी के सुरुआत में अब जादे वक्त नइखे बचल। 19 फरवरी से सुरू होखे वाला एह टूर्नामेंट से पहिले सभे के उद्घाटन समारोह के तारीखन के इंतजार बा। हालांकि, अब खबर आइल बा कि टीमन के व्यस्त कार्यक्रमन के चलते टूर्नामेंट के सुरुआत से पहिले होखे वाला वाला फोटोशूट आ प्रेस कॉन्फ्रेंस के रद्द कs दिहल गइल बा। एकरा से भारतीय कप्तान रोहित शर्मा के पाकिस्तान जाये के अटकलन पs विरामो लाग गइल बा।

ना होई कवनो फोटोशूट आ प्रेस कॉन्फ्रेंस

समाचार एजेंसी पीटीआई पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) के एगो सूत्र के हवाले से बतवलस कि चैंपियंस ट्रॉफी के सुरुआत से पहिले कप्तानन के कवनो फोटोशूट भा प्रेस कॉन्फ्रेंस पाकिस्तान में ना होई। पीसीबी के एगो सूत्र कहलस- टीमन के व्यस्त कार्यक्रम आ अनुपलब्धता के कारण टूर्नामेंट से पहिले कप्तानन के बैठक रद्द करे खातिर बाध्य होखे के पड़ल। बात ई बा कि टूर्नामेंट से पहिले सब टीमन के कार्यक्रम बहुते व्यस्त बा। इंग्लैंड आ भारत सीमित ओवरन के सीरीज खेल रहल बा, जबकि ऑस्ट्रेलिया श्रीलंका में टेस्ट आ वनडे सीरीज खेल रहल बा।

पीसीबी करेगा निजी समारोह का आयोजन

सूत्र के अनुसार, पीसीबी 16 फरवरी के लाहौर में उद्घाटन कार्यक्रम के आयोजन करी, ई कार्यक्रम चैंपियंस ट्रॉफी के औपचारिक उद्घाटन समारोह से अलग होई।

भारत के शेड्यूल

भारत आपन पहिला लीग स्टेज के मैच 20 फरवरी के बांग्लादेश के खिलाफ खेली। एकरा बाद 23 फरवरी के पाकिस्तान से मुकाबला के बाद टीम इंडिया के सात दिन के गैप मिली। एकरा बाद दु मार्च के भारतीय टीम न्यूजीलैंड से भिड़ी। भारतीय टीम ई टूर्नामेंट खाली एक बेर 2013 में जीतले बिया। तब महेंद्र सिंह धोनी टीम के कप्तान रहस। 2002 में बरखा के कारण फाइनल रद्द हो गइल रहे। तब भारत आ श्रीलंका संयुक्त विजेता रहल रहे। भारतीय टीम कुल मिलाके चार बेर फाइनल में पहुंच बिया। 2013 आ 2002 के अलावा अइसन 2000 और 2017 में भइल रहे।

आठ टीम हिस्सा लिहें सs

चैंपियंस ट्रॉफी में आठ टीम हिस्सा लिहें सs आ कुल 15 मैच होई। अबकी बेर मैचन के मेजबानी पाकिस्तान आ दुबई करी। भारतीय टीम के सब ग्रुप स्टेज के मुकाबला दुबई में खेलल जाई। ओहिजा, बाकी टीमन के मैच पाकिस्तान में खेले जाई। ई टूर्नामेंट 19 दिनन तक चली। पाकिस्तान में रावलपिंडी, लाहौर आ कराची मैचन के मेजबानी करी। पाकिस्तान के हर एक मैदान पs तीन-तीन ग्रुप मैच खेल जइहें। भारत से जुड़ल तीन ग्रुप मैच आ पहिला सेमीफाइनल दुबई में खेला जाई।

तीनों नॉकआउट मैच के लिए रिजर्व डे

सेमीफाइनल आ फाइनल दुनो में रिजर्व डे होई। दुबई पहिलस सेमीफाइल आ लाहौर दूसरका सेमीफाइनल के मेजबानी करी। जदि भारत फाइनल खातिर क्वालिफाई नइखे करत तs लाहौर नौ मार्च के फाइनलो के मेजबानी करी। जदि भारत क्वालिफाई करत बा तs पाकिस्तान के किरकिरी हो जाई। अइसन में मुकाबला के मेजबानी लाहौर से छीन लिहल जाई आ मुकाबला दुबई में खेलल जाई।

Read Also: Gorakhpur News: एचपी डिफेंस एकेडेमी में हर्षोल्लास से मनल वार्षिकोत्सव “वेस्पेरा जुबिलारे”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]