[the_ad_group id="30365"]

Commonwealth Day: जानीं राष्ट्रमंडल दिवस काहे मनावल जाला? कइसे शुरू भइल?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रमंडल दिवस 2024 : आज भारत आ दुनिया के कई गो अउरी देशन में राष्ट्रमंडल दिवस मनावल जा रहल बा। जानत बानी कि राष्ट्रमंडल दिवस का होला?

भारत के साथ-साथ आज यानी 24 मई के दुनिया के कई देस में राष्ट्रमंडल दिवस मनावल जाला। ई दिन ओह सब देशन के मनावल जाला जहाँ कबो अंग्रेज के राज रहे। भारत भी राष्ट्रमंडल देस सब के हिस्सा हs, एही से हर साल इहाँ भी राष्ट्रमंडल दिवस मनावल जाला।

एह दिन के महत्व ई बा कि ब्रिटेन के रानी विक्टोरिया के जनम 24 मई 1819 के भइल रहे। हालांकि पहिले एह दिन के साम्राज्य दिवस के नाम से जानल जात रहे। साल 1916 से एकरा के रानी विक्टोरिया के जन्मदिन के रूप में मनावल शुरू भइल। 1916 में एकरा के साम्राज्य दिवस बनावल गइल आ 1958 में एकरा के राष्ट्रमंडल दिवस के नाँव दिहल गइल।

राष्ट्रमंडल दिवस काहे मनावल जाला?

राष्ट्रमंडल देस सभ के बीच एकता स्थापित करे आ मानवता के बढ़ावा देवे खातिर हर साल 24 मई के राष्ट्रमंडल दिवस मनावल जाला। एकरा अलावा ई देश आजादी के भावना, न्याय के आदर्श आ सहिष्णुता खातिर एकता आ भावना के प्रतीक के रूप में भी जानल जाला। हालांकि दुनिया के अलग-अलग हिस्सा में एकरा के अलग-अलग दिन पs भी मनावल जाला। आस्ट्रेलिया, कनाडा आ ब्रिटेन में मार्च के दुसरका सोमार के राष्ट्रमंडल दिवस मनावल जाला जबकि भारत समेत अउरी कई देस में राष्ट्रमंडल दिवस 24 मई के मनावल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]