मोर्चन के संयुक्त बैठक के उद्धघाटन अध्यक्ष जेपी नड्डा आ समापन गृह मंत्री अमित शाह करिहें

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2022

धर्मेंद्र कुमार सिंह/ पटना (बिहार): भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के बिहार प्रदेश सह प्रभारी आ सांसद हरीश द्विवेदी अतवार के इहां कहले कि बिहार खातिर ई सौभाग्य के बात बा कि भाजपा पहिला बेर सब

Share

धर्मेंद्र कुमार सिंह/ पटना (बिहार): भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के बिहार प्रदेश सह प्रभारी आ सांसद हरीश द्विवेदी अतवार के इहां कहले कि बिहार खातिर ई सौभाग्य के बात बा कि भाजपा पहिला बेर सब मोर्चन के कार्यकारिणी के संयुक्त बैठक पटना में आयोजित करे जा रहल बिया। ऊ कहले कि दु दिन के एह बैठक के उद्धघाटन 30 जुलाई के पार्टी अध्यक्ष जे पी नड्डा करिहें। बैठक के समापन 31 जुलाई के अपराह्न 4 बजे होई। एह मवका पs गृह मंत्री आ पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह उपस्थित रहिहें।

भाजपा प्रदेश कार्यालय में आयोजित एगो संवादाता सम्मेलन के संबोधित करत ऊ कहले कि पार्टी अध्यक्ष नड्डा 30 जुलाई के पटना पहुंचिहें आ रोड शो करिहें। ई रोड शो उच्च न्यायालय के लगे अंबेडकर प्रतिमा से सुरु होके जे पी प्रतिमा तक होई। एकरा बाद अध्यक्ष जेपी नड्डा ज्ञान भवन में आयोजित बैठक के उद्धघाटन करिहें। भाजपा नेता कहले कि एह दौरान बिहार आइल भाजपा के लोग 200 विधानसभा क्षेत्रन में प्रवास करी लो आ मोदी सरकार आ नीतीश सरकार के उपलब्धियन से लोगन के अवगत कराई लो।

एह संवाददाता सम्मेलन में पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष डॉ० संजय जायसवाल, उपाध्यक्ष राजीव रंजन, मीडिया प्रभारी राकेश सिंह उपस्थित रहे लो। सम्मेलन के संबिधित करत भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष डॉ० संजय जायसवाल कहले कि बैठक में राष्ट्रीय स्तर, प्रदेश स्तर के मोर्चन के पदाधिकारी मवजूद रही लो। बैठक के लेके तइयारी कइल जा रहल बा। ऊ कहले कि बिहार के सभे कार्यकर्ता लोगन के कोसिस बा कि एह बैठक के यादगार बनावल जाव।

ऊ बतवले कि दु दिन के एह बैठक में भाग लेवे पटना पहुंचल अध्यक्ष नड्डा 31 जुलाई के पटना साहिब में बूथ कार्यकर्ता लोग के साथे माननीय प्रधानमंत्री के रेडियो कार्यक्रम ‘मन के बात’ सुनिहें। ओहि दिन पार्टी अध्यक्ष 16 जिलन के भाजपा कार्यालय भवनन के उद्घाटन करिहें आ 7 जिलन के जिला कार्यालयन के शिलान्यास करिहें। ऊ बतवले कि एकरा बाद भाजपा अध्यक्ष कार्यकर्ता लोगन के सनेस दिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.