छपरा के मेयर के चुनाव के लेके आचार संहिता लागू: 22 जनवरी के होई वोटिंग, 24 के आई रिजल्ट; 30 के होई स्क्रूटनी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2023

छपरा के मेयर के चुनाव के लेके आचार संहिता लागू: 22 जनवरी के होई वोटिंग, 24 के आई रिजल्ट; 30 के होई स्क्रूटनी छपरा में लगभग आठ महीना से खाली पड़ल छपरा नगर निगम के

Share

छपरा के मेयर के चुनाव के लेके आचार संहिता लागू: 22 जनवरी के होई वोटिंग, 24 के आई रिजल्ट; 30 के होई स्क्रूटनी

छपरा में लगभग आठ महीना से खाली पड़ल छपरा नगर निगम के मेयर पद पs चुनाव क घोषणा हो चुकल बा। राज्य निर्वाचन आयोग चुनाव के घोषणा संगही निगम क्षेत्र में चुनावी सरगर्मी तेज हो गइल बा। प्रत्याशी आ समर्थक एक दूसरा से चुनावी अधिसूचना जारी होखला से संबंधित जानकारी लेत देखल गइल लो। ओहिजा आम शहरियन में चुनाव के लेके उत्सुकता जाग गइल बा।

अधिसूचना के अनुसार आज सुक के 15 दिसंबर से आचार संहिता लागू हो गइल बा। 21 दिसंबर से नामांकन के प्रक्रिया सुरु होई। 30 दिसंबर के स्क्रूटनी होई। 2 जनवरी 2024 के नाम वापसी के प्रक्रिया होई । 6 जनवरी के अंतिम प्रकाशन होई, 22 जनवरी के मतदान होई आ 24 जनवरी के प्रत्याशियन के भाग्य के फैसला होई।

चुनावी कार्यक्रम घोषित होखला के संगही नगर निगम क्षेत्र में आचार संहिता लागू हो गइल बा। कोड ऑफ कंडक्ट लागू होखला के बाद कवनो प्रकार के राजनीतिक कार्यक्रम भा योजना के घोषणा ना हो सकेला। पुरान काम जसे चल रहल बा, ओइसही चलत रही। एने, शहर में नवका मेयर के उप चुनाव के लेके उत्साह देखल जा सकेला। नगर निगम क्षेत्र के मय 45 वार्ड में मेयर पद खातिर वोटिंग होई।

पिछला आम चुनाव मे निर्वाचित मेयर राखी गुप्ता के राज्य चुनाव आयोग तीन गो लईकन के ममिला में पद मुक्त कइल गइल बा। उप मेयर रागिनी देवी कार्यकारी मेयर क रूप में पद संभालत बाड़ी। पद मुक्त कइला के बाद चुनाव के लेकर छपरा नगर निगम क्षेत्रे में प्रत्याशियन के तइयारी सुरू हो गइल बा। आचार संहिता लागू होखला के बाद दूबारा से मेयर चुनाव के लेके सरगर्मी बढ़ गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.