“दिल्ली से निकालल जाई पाकिस्तानी नागरिकन के”, मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता कहली

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2025

दिल्ली में रहे वाला सगरी पाकिस्तानी नागरिकन के वापस पाकिस्तान भेज दिहल जाई. दिल्ली के मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता ट्वीट कs के कहली कि भारत सरकार के गृह मंत्रालय 27 अप्रैल 2025 से मेडिकल, डिप्लोमैटिक अवुरी

Share

रेखा गुप्ता

दिल्ली में रहे वाला सगरी पाकिस्तानी नागरिकन के वापस पाकिस्तान भेज दिहल जाई. दिल्ली के मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता ट्वीट कs के कहली कि भारत सरकार के गृह मंत्रालय 27 अप्रैल 2025 से मेडिकल, डिप्लोमैटिक अवुरी लंबा समय तक वीजा के छोड़ के पाकिस्तानी नागरिक के दिहल सभ वीजा के रद्द कs देले बा, मौजूदा मेडिकल वीजा भी 29 अप्रैल 2025 के बाद अमान्य हो जाई, एकरा बाद पाकिस्तानी नागरिक के कवनो नाया वीजा ना दिहल जाई। दिल्ली सरकार एह आदेशन के कड़ाई से पालन सुनिश्चित करत बिया. 

गंभीरता से सरकार रखत बिया मामला पs नजर

रेखा गुप्ता कहली कि अगर कवनो पाकिस्तानी केंद्र सरकार के ओर से जारी आदेश के उल्लंघन करी तs ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई होई। उs कहली कि मामला के गंभीरता से निगरानी कईल जाता। 

खाली एs लोग के छूट मिली

सीएम रेखा गुप्ता बतवली कि पाकिस्तानी नागरिकन के सार्क वीजा रद्द करे के बारे में गृह मंत्रालय से निर्देश मिल गइल बा. विदेशी अधिनियम 1946 के धारा 3(1) के तहत अधिकार के प्रयोग करत सरकार पाकिस्तानी नागरिक के वीजा सेवा तुरंत प्रभावी से रोके के फैसला कईले बिया। भारत सरकार के ओर से पाकिस्तानी नागरिकन के दिहल गईल मेडिकल वीजा, लंबा समय तक चले वाला वीजा, कूटनीतिक अवुरी आधिकारिक वीजा के छोड़ के मौजूदा सभ वैध वीजा 27 अप्रैल 2025 से तुरंत प्रभाव से रद्द हो गईल बा।ई आदेश पाकिस्तानी नागरिक के जारी लंबा समय तक वीजा (एलटीवी) अवुरी राजनयि अवुरी आधिकारिक वीजा पs लागू ना होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.