दिल्ली के बजट खातीर आम लोगन के लिहल जाई राय, सीएम जारी कइली व्हाट्सएप नंबर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2025

राजधानी दिल्ली में भारतीय जनता पार्टी के सरकार बनला के बाद रेखा गुप्ता दिल्ली के सीएम बनली। सीएम रेखा गुप्ता सोमार के दिने दिल्ली के बजट के बारे में एगो प्रेस कांफ्रेंस कइली. एकरा में

Share

सीएम आम लोगन खातीर जारी कइली व्हाट्सएप नंबर

राजधानी दिल्ली में भारतीय जनता पार्टी के सरकार बनला के बाद रेखा गुप्ता दिल्ली के सीएम बनली। सीएम रेखा गुप्ता सोमार के दिने दिल्ली के बजट के बारे में एगो प्रेस कांफ्रेंस कइली. एकरा में उs कहली कि उs लोग 24 मार्च से 26 मार्च के बीच दिल्ली के बजट पेश करे के तैयारी करतारे। उs कहली कि उ समाज के सभ वर्ग के सुझाव के शामिल कs के विकसित दिल्ली के बजट पेश करीहे। महिला सम्मान योजना के संगे हमनी के सभ वादा के दिल्ली के बजट में जगह दिहल गईल बा। सीएम 5 मार्च के विधानसभा में सभ महिला संगठन से बातचीत के आह्वान कईले बाड़े। ताकि उs बजट पs भी आपन सुझाव दे सके।

मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता प्रेस कांफ्रेंस में कहली कि उs हर क्षेत्र के लोग से बजट पs चर्चा करीहे अवुरी ओ लोग से सुझाव लीहे। हम ओही आधार पs विकसित दिल्ली के बजट तइयार करब. उs कहली कि संकल्प पत्र में जवन वादा कईल गईल रहे उs सभ पूरा होई। उs बजट पs लोग से सुझाव लेवे खातीर व्हाट्सएप नंबर 9999962025 जारी कईले बाड़ी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.