[the_ad_group id="30365"]

Pune Gas Leak : पुणे में बंद पड़ल प्लांट से क्लोरीन गैस लीक, 24 लोग अस्पताल में भरती

Pune Chlorine Gas Leak Incident
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। महाराष्ट्र के पुणे में बियफे के देर रात क्लोरीन गैस लीक होखला से अफरा-तफरी मच गइल। एह घटना में 22 स्थानीय लोग आ दू गो फायर ब्रिगेड कर्मी के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल।

फायर अधिकारियन के मोताबिक, ई रिसाव कोंढवा इलाका के गंगाधाम क्षेत्र में एगो बंद पड़ल जल शुद्धिकरण प्लांट के गोदाम से भइल। रात करीब एक बजे उहां रखल क्लोरीन से भरल एगो पुरान टैंक से गैस लीक होखे लागल। गैस फइलतही आसपास के लोगन के सांस लेवे में दिक्कत होखे लागल, जवना के बाद तुरंत फायर ब्रिगेड के खबर दिहल गइल।

राहत आ बचाव काम

सूचना मिलतही फायर ब्रिगेड के टीम तुरंत मवका पs पहुंच गइल आ राहत-बचाव काम सुरू कइलस। आसपास के कइयन लोगन के सुरक्षित जगह पs पहुंचावल गइल। फायर कर्मी सुरक्षा उपकरण के सहारा से लीक होत टैंक के बंद कइल लोग आ हालात पs काबू पवलस। एह दौरान कइयन लोगन के तबीयत खराब हो गइल। कुल 22 स्थानीय निवासी आ दूगो फायर कर्मियन के सांस में दिक्कत होखला पs अस्पताल ले जाइल गइल।

जांच जारी

अधिकारियन के अनुसार, सब प्रभावित लोग अब खतरा से बाहर बा आ ओह लोगन के इलाज ससून जनरल अस्पताल में निगरानी में चल रहल बा। जानकारी के मोताबिक, जवन आदमी पहिले ई प्लांट चलावत रहे, ऊ प्लांट हटा देले रहे, बाकिर क्लोरीन वाला टैंक ओहिजे रह गइल आ ओकर देखभाल ना होत रहे। सुरुआती जांच में मानल जा रहल बा कि एह लापरवाही के चलते टैंक में लीकेज भइल आ ई हादसा हो गइल।

Read Also: Siwan Crime News : सिवान में पूर्व एमएलसी के भांजा के हत्या में सामिल बदमाश के हाफ एनकाउंटर, घुटना में लागल गोली

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]