नई दिल्ली। भारत में चीन के राजदूत शू फेइहोंग कहलें कि चीन, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ चीनी राष्ट्रपति शी जिनपिंग के मार्गदर्शन में भारत के संगे मिलके काम करी आ दुनु देसन के बीच के मतभेदन के सुलझाई।
राजदूत के ई बयान सनिचर के BRICS समिट खातिर चीनी राष्ट्रपति शी जिनपिंग के भारत दौरा से कुछ घंटा पहिले आइल। दौरा के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ शी जिनपिंग के बीच द्विपक्षीय बैठक होखे के बा। चीनी राजदूत पुष्टि कइले बाड़ें कि दुनु नेता के बैठक के तइयारी चल रहल बा।
सात साल बाद भारत आ रहल बाड़ें चिनफिंग
सुक के रात एक्स पs एगो पोस्ट में शू फेइहोंग लिखलें कि चीन आ भारत राष्ट्रपति शी जिनपिंग आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के बीच द्विपक्षीय बैठक के बेवस्था कs रहल बा।
शी जिनपिंग करीब सात साल बाद भारत आ रहल बाड़ें। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के न्योता पs ऊ नई दिल्ली में होखे वाला 18वां BRICS शिखर सम्मेलन में सामिल होखे खातिर सनिचर के बीजिंग से रवाना भइलें। प्रधानमंत्री मोदी आ शी जिनपिंग के बीच द्विपक्षीय बैठक आज सांझ 5:45 बजे होखे के तय बा।
‘मतभेद सुलझावे खातिर भारत के संगे मिलके काम करी चीन’
भारत में चीन के राजदूत कहलें कि कजान आ तियानजिन में भइल मुलाकात के बाद ई दुनु नेता के लगातार तिसरका मुलाकात होई। उनका मोताबिक चीन आपसी सहजोग बढ़ावे आ मतभेद सुलझावे सहित कइयन गो मुद्दा पs भारत के संगे मिलके काम करी।
शू अपना पोस्ट में कहलें कि चीन दुनु नेता के रणनीतिक निरदेस के लागू करे, रणनीतिक आ लमहर समय के नजरिया से भारत-चीन संबंध के संभारे, बातचीत बढ़ावे, सहजोग मजबूत करे आ मतभेदन के सही तरीका से सुलझावे खातिर भारत के संगे मिलके काम करी। संगही चीन भारत के संगे अच्छा पड़ोसी आ एक-दूसरा के सफलता में सहजोगी साझेदार के रूप में दोस्ती निभावे के कोसिस करी।
गलवान झड़प के बाद संबंधन में आइल सुधार
2020 में गलवान घाटी में भारतीय आ चीनी सैनिकन के बीच भइल झड़प के बाद शी जिनपिंग पहिला बेर भारत दौरा पs आ रहल बाड़ें। ओह घटना के बाद भारत-चीन संबंधन में धीरे-धीरे सुधार देखे के मिलल बा। एह दौरान चीनी राष्ट्रपति शी जिनपिंग के कजान आ तियानजिन में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात भइल बा।
Read Also: 12 सितंबर 2026 के राशिफल






