Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एशियाड खातिर भारतीय फुटबाॅल टीम घोषित: अंडर-23 टीम के संगे जइहें सुनील छेत्री, झिंगन आ गोलकीपर गुरप्रीत सिंह संधू

1,274

23 सितंबर से चीन में होखे वाला एशियन गेम्स खातिर भारतीय मेंस फुटबाल टीम के ऐलान हो गइल बा। एशियाड में अंडर-23 के टीम खेली। एमे टीम के संगे 3 सिनियर टीम प्लेयर्स के अनुमति बा। एमे भारतीय टीम के कप्तान सुनील छेत्री, डिफेंडर संदेश झिंगन आ गुरप्रीत सिंह संधू स्क्वाड के हिस्सा होई लो। ओहिजा, सीनियर टीम के क्रोएशियाई कोच इगोर स्टिमैक कोच रहिहें।

सरकार देलस विशेष अनुमति 

भारतीय मेंस आ विमेंस फुटबॉल टीम के एशियाड खातिर भारत सरकार विशेष अनुमति देले बिया। भारतीय टीम के 2018 के एशियाड में खेले के अनुमति ना मिलल रहे। खेल मंत्रालय के नियम कहत बा कि टीम इवेंट में खाली एशिया टॉप -8 रैंक में सामिल टीमन के जाये के अनुमति मिली। आखिरी बेर टीम 2014 के एशियाड में हिस्सा लेले रहे।

भारत ग्रुप ए में मेजबान के संगे 

टूर्नामेंट में 23 टीमे बा, जवना के छव ग्रुप में बांटल गइल बा। ग्रुप ए, बी, सी, ई आ एफ में। हर ग्रुप में चार टीम बा जबकि ग्रुप डी में तीन टीम बा। भारत के मेंस टीम के ग्रुप ए में मेजबान चीन, बांग्लादेश आ म्यांमार के संगे रखल गइल बा।

दु बेर एशियाड चैंपियन भारत नव साल बाद पहिला बेर काॅन्टिनेंटल मल्टीस्पोर्ट के फुटबाॅल गेम में भाग ले रहल बा।

SAFF चैंपियनशिप जीतल, टॉप 100 में आइल भारत

क्रोएशियाई कोच इगोर स्टिमैक के नेतृत्व में नेशनल टीम SAFF चैंपियनशिप जीतके एक बेर फेर फीफा रैंकिंग में टॉप-100 क्लब में प्रवेश कइले बा।

न्यूज एजेंसी पीटीआई के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, भारतीय फुटबॉल फेडरेशन (एआईएफएफ) अपना कप्तान सुनील छेत्री के नेतृत्व में एशियाई खेलन में आपन पहिला टीम भेजे के लेके उत्साहित बा।

1970 से फुटबॉल में मेडल नइखे जीत सकल भारत

1962 के जकार्ता में भइल एशियन गेम्स में भारत गोल्ड जीतले रहे।

एशियन गेम्स एही साल 23 सितंबर से 8 अक्टूबर के बीच चीन के हांगझू में होई। एशियाड में फुटबॉल के U-23 टीमन के मुकाबला होई। जेमे सीनियर टीम के मात्र 3 खिलाड़ी हिस्सा ले सकी लो। भारत एशियन गेम्स (1951 आ 1962) में 2 गोल्ड मेडल जीत चुकल बा। टीम 1970 में एगो ब्रॉन्ज मेडलो जीत चुकल बिया।

भारतीय मेंस फुटबाॅल टीम के स्क्वाड 

गोलकीपर: गुरप्रीत सिंह संधू, गुरुमीत सिंह, धीरज सिंह मोइरंगथेम

डिफेंडर: संदेश झिंगन, अनवर अली, नरेंद्र गहलोत, लालचुंगनुंगा, आकाश मिश्रा, रोशन सिंह, आशीष राय

मिडफील्डर: जैक्सन सिंह थौनाओजम, सुरेश सिंह वांगजाम, अपुइया राल्टे, अमरजीत सिंह कियाम, राहुल केपी, नाओरेम महेश सिंह।

फाॅरवर्ड: शिव शक्ति नारायणन, रहीम अली, सुनील छेत्री, अनिकेत जाधव, विक्रम पार्थप सिंह, रोहित थानु।

616270cookie-checkएशियाड खातिर भारतीय फुटबाॅल टीम घोषित: अंडर-23 टीम के संगे जइहें सुनील छेत्री, झिंगन आ गोलकीपर गुरप्रीत सिंह संधू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.