Chhatarpur Accident: सात लोगन के मौत के बाद के तस्वीरें बयां कर रहल बिया हादसा के भयावहता, ऑटो में फंसल रहल लाश

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2024

छतरपुर में एगो दुखद हादसा हो गइल। अबहीं ले सात लोग के मौत हो चुकल बा। दुर्घटना के भयावहता देखे वाला लोग कह रहल बा कि मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला। हालांकि छतरपुर अस्पताल

Share

छतरपुर में एगो दुखद हादसा हो गइल। अबहीं ले सात लोग के मौत हो चुकल बा। दुर्घटना के भयावहता देखे वाला लोग कह रहल बा कि मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला। हालांकि छतरपुर अस्पताल में पांच लोग के बचावे के प्रयास जारी बा। इ सब लोग बागेश्वर धाम घूमे निकलल रहले। प्राथमिक जानकारी के मुताबिक सभ भक्त उत्तर प्रदेश के फर्रुखाबाद निवासी हउवे।

बता दीं कि छतरपुर से गुजरत राष्ट्रीय राजमार्ग 39 पर ई भयावह हादसा भइल बा। जानकारी के मुताबिक बागेश्वर धाम घूमे खातिर कुछ लोग छतरपुर पहुंचल रहले। ई लोग छतरपुर रेलवे स्टेशन पs उतर के एगो ऑटो (UP95/AT2421) भाड़ा पs लेके बागेश्वरधाम यानी गढ़ा गाँव के ओर चल गइल। उ दर्शन के इच्छा के ध्यान में राखत यात्रा करत रहले, बाकिर सबेरे करीब 5 बजे उनकर ऑटो अचानक आगे बढ़त ट्रक (PB13/BB6479) से टकरा गइल।

हादसा एतना भयावह रहे कि पांच लोग के मौका पs मौत हो गइल। घायल भइल लोगो बेहोश हो गइलें। जोरदार टक्कर के आवाज सुन के लोग मौका पs भागल अइले। दिल दहला देवे वाला नजारा देख के सब लोग घबरा गइल। कुछ लोग मदद खाती एम्बुलेंस आ पुलिस के सूचना देले, कुछ लोग अपना दम पs मदद करे के कोशिश करे लगले। हालांकि इ बतावल मुश्किल बा कि ऑटो ड्राइवर तेज रफ्तार से ट्रक से टकरा गइल कि ट्रक अचानक ब्रेक लगा देलस।

पुलिस मौका पs पहुंच के तुरंत घायल के अस्पताल भेज देलस आ लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। अस्पताल पहुंचल 6 घायल में से दु लोग के इलाज के दौरान मौत हो गइल। अस्पताल में अबहीं तक चार लोग के इलाज चलता।

सिविल लाइन थाना प्रभारी वाल्मिक चौबे बतवले कि, छतरपुर रेलवे स्टेशन से 12 श्रद्धालु के संगे ऑटो बागेश्वर धाम जात रहे। मानल जाता कि चालक सुत गइल आ ऑटो ट्रक से टकरा गईल। मरेवाला लोग में डेढ़ साल के बच्चीयो शामिल बिया। खुलासा भइल जानकारी के मुताबिक ए दुर्घटना में ऑटो चालक प्रेम नारायण कुशवाहा के संगे जनार्दन, मनु श्रीवास्तव, नन्हे, गोविंद, लालू, अंशिका (उमर डेढ़ साल) के मौत हो गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.