Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बनारस-गुंटूर के बीच चली समर स्पेशल ट्रेन: छपरा के यात्रियन के मिली विशेष लाभ, 24 अप्रिल, 01 आ 08 मई के होई वापसी

211

पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन द्वारा यात्री जनता के सुविधा खातिर 07230/07229 गुंटूर-बनारस-गुंटूर ग्रीष्मकालीन साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन कइल जा रहल बा। ई ट्रेन 22, 29 अप्रिल 2023 आ 06 मई, 2023 के गुंटूर से चलावल जाई। जबकि 24 अप्रिल, 01 मई आ 08 मई, 2023 के बनारस से 03 फेरन खातिर चलावल जाई। एकर जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से देलें। एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली।

22, 29 अप्रिल आ 06 मई के खुली ट्रेन

07230 गुंटूर-बनारस ग्रीष्मकालीन साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन 22, 29 अप्रिल, 06 मई, 2023 के गुंटूर से 23.45 बजे प्रस्थान कs के दूसरका दिन विजयवाड़ा से 00.55 बजे, गुडिवाड़ा जं. से 01.52 बजे, कैकलुरू से 02.32 बजे, भीमवरम टाउन से 03.12 बजे, तणुकू से 04.02 बजे, निडढ़वोलू से 04.32 बजे, राजमुंड्री से 06.20 बजे, सामलकोट से 07.57 बजे, तुनी से 09.02 बजे, अनकापल्ली से 10.35 बजे, दुव्वाडा से 12.10 बजे, कोत्तवलसा से 13.15 बजे, विजयनगरम् से 13.45 बजे, रायगडा से 15.45 बजे, मुनिगुडा से 16.49 बजे, टिटिलागढ़ से 18.05 बजे, बलांगीर से 19.02 बजे, बरगढ़ रोड से 20.00 बजे, सम्बलपुर से 20.45 बजे, झारसुगुडा से 21.55 बजे, तीसरका दिन हटिया से 02.40 बजे, रांची से 03.00 बजे, मूरी से 04.00 बजे, बरकाकाना से 05.40 बजे, लातेहार से 07.32 बजे, डालटनगंज से 08.32 बजे, गढ़वा रोड से 09.30 बजे, डेहरी ऑन सोन से 11.22 बजे, ससाराम से 11.40 बजे, भभुआ रोड से 12.12 बजे, पं0 दीन दयाल उपाघ्याय जं. 13.40 बजे आ वाराणसी से 16.15 बजे छूटके बनारस 16.30 बजे पहुंची।

24 अप्रिल, 01 आ 08 मई के होई वापसी

वापसी यात्रा में 07231 बनारस-गुंटूर ग्रीष्मकालीन साप्ताहिक विशेष गाड़ी 24 अप्रिल 2023 आ 01, 08 मई, 2023 के बनारस से 18.00 बजे प्रस्थान कs के  वाराणसी से 18.15 बजे, दीन दयाल उपाघ्याय जं. 19.10 बजे, भभुआ रोड से 20.02 बजे, ससाराम से 20.47 बजे, डेहरी ऑन सोन 21.07 बजे, गढ़वा रोड से 23.20 बजे, डालटनगंज से 23.57 बजे, दूसरे दिन लातेहार से 01.02 बजे, बरकाकाना से 03.20 बजे, मूरी से 04.25 बजे, रांची से 05.20 बजे, हटिया से 05.40 बजे, झारसुगुडा 10.25 बजे, सम्बलपुर से 11.05 बजे, बरगढ़ रोड से 11.47 बजे, बलांगीर से 12.47 बजे, टिटिलागढ़ से 13.55 बजे, मुनिगुडा से 15.22 बजे, रायगडा से 17.15 बजे, विजयनगरम् से 19.00 बजे, कोत्तवलसा से 19.28 बजे, दुव्वाडा से 20.45 बजे, अनकापल्ली से 21.00 बजे, तुनी से 21.45 बजे, सामलकोट से 22.45 बजे तीसरका दिन राजमुंड्री से 00.05 बजे, निडढ़वोलू से 00.25 बजे, तणुकू से 00.45 बजे, भीमवरम टाउन से 01.25 बजे, कैकलुरू से 02.05 बजे, गुडिवाडा जं. से 02.45 बजे आ विजयवाडा से 04.00 बजे छूटके गुंटूर 06.30 बजे पहुंची।

525320cookie-checkबनारस-गुंटूर के बीच चली समर स्पेशल ट्रेन: छपरा के यात्रियन के मिली विशेष लाभ, 24 अप्रिल, 01 आ 08 मई के होई वापसी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.