[the_ad_group id="30365"]

Charger & Cable : केतना सेफ बा बाजार में बिके वाला सस्ता चार्जर आ केबल? भूलाइयको के मत करीं एकर इस्तेमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। नया स्मार्टफोन के संगे अब अधिकतर कंपनी चार्जर (Charger & Cable) ना देली सs। कंपनी अलग से फोन के चार्जर बेचेली सs, जवना के कीमत आमतौर पs जादे होला। अइसन में जादेतर लोग मार्केट से थर्ड पार्टी लोकल चार्जर किन लेला, जवन कंपनी के ओरिजिनल चार्जर के तरे काम करेला।

का रउआ जानत बानी कि ई लोकल थर्ड पार्टी चार्जर के इस्तेमाल पूरा तरे सेफ बा कि ना। इहां हम रउआ के लोकल थर्ड पार्टी चार्जर आ केबल के इस्तेमाल से होखे वाला खतरा के बारे में जानकारी दे रहल बानी सs।

लोकल थर्ड पार्टी चार्जर सेफ बा कि ना?

अक्सर रउआ फोन में ब्लास्ट होखे के खबर सुनते होखेम। अइसन में बड़ स्मार्टफोन कंपनी एह तरे के घटनन से बचे खातर बैटरी आ चार्जिंग के सेफ बनावे खातिर रिसर्च आ डेवलपमेंट में बहुते खर्चा करेली सs। इहे कारण बा कि कंपनियन के चार्जर मार्केट में मिले वाला थर्ड पार्टी चार्जर के मुकाबले तनिका महंगा होला।

एह चार्जर के सेफ्टी रेटिंग खातिर ई अलग-अलग सर्टिफिकेशन खातिर भेजलो जाला। बाकिर, लोकल थर्ड पार्टी चार्जर एह तरे के कवनो सेफ्टी सर्टिफिकेशन से पास ना होला, जवना के चलते एकरा के इस्तेमाल कइल खतरनाक हो सकत बा।

थर्ड पार्टी केबल से भी खतरा

रउओ ई नोटिस कइले होखेम कि जब रउआ थर्ड पार्टी लोकल केबल से आपन फोन चार्ज करेनी तs ओकरा जादे समय लागेला। ओहिजा, ओरिजिनल चार्जर आ केबल से फोन कम समय में चार्ज हो जाला। एकरा संगही लोकल केबल के क्वालिटी ठीक ना होला। ई केबल गर्म होके शॉर्ट हो सकेला, जवना से राउर डिवाइस के खराब होखे के आशंका रहेला।

Charger & Cable : कवन चार्जर आ केबल किनी?

जदि रउआ अपना फोन खातिर चार्जर भा केबल किने के बा तs कोसिस करीं। जवना कंपनी के फोन रउआ यूज कs रहल बानी, ओकरे चार्जर भा केबल किनी। जदि रउआ ओकर कीमत जादे लाग रहल बा तs अच्छा आ सर्टिफाइड थर्ड पार्टी चार्जर आउर केबल किनी। ई जरूर चेक करीं कि चार्जर ओवर वोल्टेज प्रोटेक्शन आ शॉर्ट सर्किट प्रोटेक्शन फीचर के संगे आवत होखे।

सस्ता आ लोकल चार्जर में कीमत के कम करे खातिर कइयन गो जरूरी कंपोनेंट के सामिल ना कइल जाला। एकरा से ओमे शॉर्ट सर्किट के खतरा बनल रहेला। ओहिजा, कॉस्ट कम करे खातिर लोकल केबल में अच्छा मैटेरियल यूज ना होला। अइसन में जदि रउआ थर्ड पार्टी चार्जर भा केबल (Charger & Cable) किन रहल बानी तs अच्छा कंपनी आ उ सर्टिफाइड होखे।

Read Also: Bihar News : सीएम नीतीश कुमार देले एगो आउर सौगात, पत्रकारन के पेंशन के राशि बढ़वलें; अब हर महीना मिली 15 हजार रुपिया

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]