[the_ad_group id="30365"]

छपरा से चले वाली चार ट्रेनन के रूट में बदलाव : जनसंपर्क पदाधिकारी देलें जानकारी, देखीं सूची

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे प्रशासन के ओर से परिचालन सुगमता के देखत प्रयागराज स्टेशन के अपग्रेडेशन काम खातिर कुछ दिनन के ब्लाक दिहल गइल बा। एकरा कारण कुछ गाड़ियन के रूट मे बदलाव कइल गइल बा। एमे छपरा से चले वाली ट्रेन सामिल बा। जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत बतवलें कि काम पूरा होखला के बाद सब ट्रेन तय रूट से संचालित होखे लागल।

एह ट्रेनन के रूट में भइल बदलाव

  • 13 जून से 24 जुलाई तक चले वाली गाड़ी संख्या 07651 जलना-छपरा विशेष गाड़ी निर्धारित रूट मानिकपुर-प्रयागराज जं.-प्रयागराज रामबाग-वाराणसी जं. के स्थान पs परिवर्तित रूट मानिकपुर-प्रयागराज छिवकी-वाराणसी जं. के रास्ते चलावल जाई। एह गाड़ी के अस्थाई ठहराव प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs दिहल गइल बा। ई गाड़ी प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 21:.45 बजे पहुंचके 21:47 बजे छूटी।
  • 14 जून से 19 जुलाई तक चले वाली गाड़ी संख्या 07652 छपरा-जलना विशेष गाड़़ी निर्धारित रूट वाराणसी जं.-प्रयागराज रामबाग-प्रयागराज जं.-मानिकपुर के स्थान पs परिवर्तित रूट वाराणसी जं.-प्रयागराज छिवकी-मानिकपुर के रास्ते चलावल जाई। एह गाड़ी के अस्थाई ठहराव प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs दिहल गइल बा। ई गाड़ी प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 05:26 बजे पहुंचके 05:28 बजे छूटी।
  • 13 जून से 25 जुलाई तक चले वाली गाड़ी संख्या 05193 छपरा-पनवेल विशेष गाड़़ी निर्धारित रूट वाराणसी जं.-प्रयागराज रामबाग-प्रयागराज जं.-मानिकपुर के स्थान पs परिवर्तित रूट जौनपुर-वाराणसी जं.-प्रयागराज छिवकी-मानिकपुर के रास्ते चलावल जाई। एह गाड़ी के अस्थाई ठहराव प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs दिहल गइल बा। ई गाड़ी प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 22:19 बजे पहुंचके 22.21 बजे छूटी।
  • 14 जून से 19 जुलाई तक चले वाली गाड़ी संख्या 05194 पनवेल-छपरा विशेष गाड़ी निर्धारित रूट मानिकपुर-प्रयागराज जं.-प्रयागराज रामबाग-वाराणसी जं. के स्थान पs परिवर्तित रूट मानिकपुर-प्रयागराज छिवकी-वाराणसी जं.-जौनपुर के रास्ते चलावल जाई। एह गाड़ी के अस्थाई ठहराव प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs दिहल गइल बा। ई गाड़ी प्रयागराज छिवकी स्टेशन पs 01:24 बजे पहुंचके 01:29 बजे छूटी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]