[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: एचपी डिफेंस एकेडेमी में हर्षोल्लास से मनल वार्षिकोत्सव “वेस्पेरा जुबिलारे”

Gorakhpur-News-एचपी-डिफेंस-एकेडेमी-में-हर्षोल्लास-से-मनल-वार्षिकोत्सव-वेस्पेरा-जुबिलारे
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। एचपी डिफेंस एकेडमी के सिविल लाइन्स आ नन्दानगर इस्थित शाखा में सामूहिक रूप से बियफे के बड़ हर्षोल्लास के संगे वार्षिक उत्सव मनावल गइल। सांस्कृतिक कार्यक्रमन के प्रस्तुति मंच पs इंद्रधनुष के रंगन के छटा बिखेरल। विद्यालय के प्रबंधक समिति के सदस्य मुख्य अतिथि के रूप में उपस्थित होके विद्यालय परिवार के गौरवान्वित कइल लो। कार्यक्रम के विशिष्ट अतिथि के रूप में निहारिका बिशेन सम्मिलित होके विद्यालय परिवार के उत्साहवर्धन कइलें।

कार्यक्रम के सुभारंभ मां सरस्वती वंदना आ स्वागत गीत से कइल गइल। ओकरा बाद छात्र लोग समूह गीत, नृत्य आ हिंदी-अंग्रेजी नाटक प्रस्तुत कइल। महिला लोगन पs बनल नाटक आ आर्मी एक्ट देखके कार्यक्रम में उपस्थिति अतिथिय आ अभिभावक लोगन के आंख नम हो गइल आ सभे एह आयोजन के सराहना कइल। छोटे लईकन के ओर से कपल डांस लोगन के आकर्षण के केंद्र रहल।

Gorakhpur-News-एचपी-डिफेंस-एकेडेमी-में-हर्षोल्लास-से-मनल-वार्षिकोत्सव-वेस्पेरा-जुबिलारे
एचपी डिफेंस एकेडेमी में हर्षोल्लास से मनल वार्षिकोत्सव

सब विद्यायलन के करे के चाहीं एह तरे के आयोजन

एह अवसर पs विद्यालय के प्रबंधक कर्नल भानु प्रताप शाही अइसन सांस्कृतिक आ मनोरंजक कार्यक्रमन के सराहना कइलें आ बतवलें कि एह कार्यक्रमन से लईकन में उत्साह आ सामाजिक सद्भाव आउर आपसी समन्वय के भावना के विकास होला। ओहिजा विद्यालय के प्रबंध निर्देशिका अर्चना शाही लईकन के उत्साह वर्धन कइली। विद्यालय के उप प्रबंधक देवांश शाही बतवलें कि एह तरे के कार्यक्रमन से लईकन के समग्र विकास संभव बा। एहिसे सब विद्यालयन के एह तरे के कार्यक्रमन के आयोजन करे के चाहीं।

कार्यक्रम के अंत में दुनो शाखा के प्रधानाचार्य कमल थापा आ नीलम पांडे धन्यवाद ज्ञापित करत कहल लो कि विद्यार्थियन के प्रतिभा आ कौशल विकास में मदद करे खातिर विद्यालय के सब शिक्षकन के प्रतिबद्धता वास्तव में सराहनीय बा। ई जानकारी विद्यालय के मीडिया प्रभारी श्रीमती अर्चना पांडेय आ अविनाश श्रीवास्तव दिहल लो।

Read Also: JPU में रिसर्च के गुणवत्ता बढ़ावे खातिर प्लेगरिज्म सॉफ्टवेयर से होई जांच, पीजी कोर्स में 20% बदलाव

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]