SP Hinduja: ना रहलें हिंदुजा समूह के अध्यक्ष एसपी हिंदुजा; लंदन में लेलें आखिरी सांस

By Anurag Ranjan

Published on: May 17, 2023

दिग्गज कारोबारी आ हिंदुजा भाइयन में सबसे बड़ एसपी हिंदुजा के बुध के निधन हो गइल। ऊ 87 बरिस के रहस। परिवार के प्रवक्ता एकरा बारे में जानकारी देलें। प्रवक्ता बतवलें कि हिंदुजा समूह के

Share

दिग्गज कारोबारी आ हिंदुजा भाइयन में सबसे बड़ एसपी हिंदुजा के बुध के निधन हो गइल। ऊ 87 बरिस के रहस। परिवार के प्रवक्ता एकरा बारे में जानकारी देलें। प्रवक्ता बतवलें कि हिंदुजा समूह के अध्यक्ष एसपी हिंदुजा लंदन में आखिरी सांस लेलें। ऊ बीतल लमहर समय से बेमार चलत रहस। एसपी हिंदुजा चार हिंदुजा भाइयन में सबसे बड़े रहस। एही साल फरवरी महीना में उनकर पत्नी मधु हिंदुजा के निधन हो गइल रहे।

परिवार के प्रवक्ता द्वारा जारी बयान में कहल गइल बा कि ‘गोपीचंद, प्रकाश, अशोक आ समूचा हिंदुजा परिवार के आज हमनी के परिवार के संरक्षक आ हिंदुजा ग्रुप के चेयरमैन एसपी हिंदुजा के निधन के घोषणा करत भारी दुख हो रहल बा। ऊ परिवार के मेंटर रहस। ऊ अपना मेजबान देस यूके आ अपना देस भारत के बीच मजबूत संबंध बनावे में अपना भाइयन के संगे बहुत महत्वपूर्ण भूमिका निभवलें।’

बता दीं कि देस में ट्रक बनावे के कारोबार के अलावे हिंदुजा समूह बैंकिंग, केमिकल्स, पावर, मीडिया आ स्वास्थ क्षेत्र से जुड़ल बा। एह समूह के कंपनियन में ऑटो कंपनी अशोक लीलैंड आ इंडसइंड जइसन बड़ ब्रांड सामिल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.