[the_ad_group id="30365"]

क्रिकेट वर्ल्ड कप पs ‘चाहत फतेह अली खान’ पाकिस्तानी टीम खातिर ले अइले ‘जीतेंगे भई जीतेंगे’ गाना, वीडियो देख के पीटब माथा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

क्रिकेट विश्व कप 2023 में बहुते टीम बाड़ी सँ जवना के मैच देखे खातिर क्रिकेट प्रेमी हमेशा उत्साहित रहेलें। ओहमें से एगो भारत बनाम पाकिस्तान बा। दुनो देश के क्रिकेट प्रेमी भारत अवुरी पाकिस्तान के बीच होखेवाला मैच के देख के सबसे जादे उत्साहित बाड़े। इहे कारण बा कि दुनो देश के गायक अपना क्रिकेट टीम खातिर गीत समर्पित कर रहल बाड़े। एही तरे पाकिस्तानी गायक चाहत फतेह अली खान अपना देश के टीम खातिर एगो खास गाना गवले बाड़ी जवना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

एह वीडियो में चाहत फतेह अली खान अपना अंदाज में पाकिस्तान क्रिकेट टीम खातिर जयकारा लगावत बाड़न जवन गीत उ आपन देश के टीम खातिर रचले बाड़े जवना के बोल बा, ‘जीतेंगे भाई जीतेंगे’। एह वीडियो में चाहत फतेह अली खान भी डांस करत लउकत बाड़े। एह वीडियो पs पाकिस्तानी गायक अली जफर भी रिएक्ट कइले बाड़न। चाहत फतेह अली खान के गाना देख के उ कहले – ‘ई संभव नईखे हो सकत।’ उ हमरा व्यस्त कार्यक्रम के फायदा उठवले। ई ठीक नइखे, इनकर बराबरी ना हो सकेला।

 

बता दीं कि विश्व कप 2023 के मुख्य दौर के मैच 5 अक्टूबर से शुरू बा एह दौरान 10 गो स्थल पs 48 गो मैच खेलल जाई। एहमें से 43 गो मैच दुपहरिया दू बजे से शुरू होखी जबकि 5 गो मैच सबेरे दस बजे से खेलल जाई। भारत पिछला बेर साल 2011 में विश्व कप के आयोजन कइले रहुवे। आ बांग्लादेश आ श्रीलंका भी एहमें सहभागी रहलें। साल 1987 के विश्व कप के आयोजन भारत-पाकिस्तान के संयुक्त रूप से भइल जबकि 1996 के विश्व कप के आयोजन भारत-पाकिस्तान आ श्रीलंका के संयुक्त रूप से भइल। ई पहिला मौका बा जब भारत खुद एह मेगा टूर्नामेंट के पूरा मेजबानी करे वाला बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]