CBSE बोर्ड कक्षा 10वीं के रिजल्ट जारी, 93.66 प्रतिशत स्टूडेंट्स पास

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2025

सीबीएसई बोर्ड दसवीं कक्षा के परीक्षा में हाजिर भइल विद्यार्थियन के इंतजार आजु खतम हो गइल बा. केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड आज यानी 13 मई के कक्षा 10वीं के रिजल्ट घोषित कs देले बा। परीक्षा

Share

CBSE बोर्ड कक्षा 10वीं के रिजल्ट जारी

सीबीएसई बोर्ड दसवीं कक्षा के परीक्षा में हाजिर भइल विद्यार्थियन के इंतजार आजु खतम हो गइल बा. केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड आज यानी 13 मई के कक्षा 10वीं के रिजल्ट घोषित कs देले बा। परीक्षा के नतीजा में कुल 93.66 प्रतिशत छात्र सफलता हासिल कईले बाड़े। साल 2025 में बोर्ड परीक्षा में छात्रन के समग्र प्रदर्शन बढ़िया रहल. खास तौर प लईकी, विदेशी स्कूल अवुरी विशेष जरूरत वाला छात्रा के बेहतरीन नतीजा देखाई देलस। साथही जवाहर नवोदय आ केंद्र विद्यालय के प्रदर्शन सबले बढ़िया रहल. विद्यार्थी आधिकारिक वेबसाइट www.cbse.gov.in पs जा के आपन रिजल्ट देख सकेलें. 

ईहां देखी परिणाम


आधिकारिक वेबसाइट: https://results.digilocker.gov.in/
अंतरराष्ट्रीय स्कूलन के छात्र: https://nad-support.digilocker.gov.in/ पs टिकट सबमिट कs सकेनी।

कइसे चेक करी

सबसे पहिले छात्र के आधिकारिक वेबसाइट www.cbse.gov.in पs आई।

एकरा बाद विद्यार्थियन के होमपेज पs संबंधित लिंक पs क्लिक करे के चाहीं. 

एकरा बाद विद्यार्थियन के जरूरी विवरण दर्ज करावे के चाहीं. 

अयीसन कईला से नतीजा आपके देखाई दिही। 

अब विद्यार्थी आपन रिजल्ट चेक कs के डाउनलोड कs सकेलें. 

अंत में विद्यार्थियन के एगो प्रिंटआउट ली।

लड़िकियन के प्रदर्शन बेहतर रहल

एह परीक्षा में लड़िकियन के प्रदर्शन लड़िकन से 2.37% बेहतर रहल. लड़िकियन के पास प्रतिशत 95.00% रहल जबकि लड़िकन के पास प्रतिशत 92.63% रहल.

ईहो पढ़ीं: पाकिस्तानी सेना भारत पs कइलस फायरिंग, LoC पs भारतीय सेना  दिहलस मुंहतोड़ जवाब

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.