CBSE 2025 Results: जारी भइल सीबीएसई बोर्ड 12वीं के नतीजा, 88.39% स्टूडेंट्स पास

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2025

सीबीएसई बोर्ड के बारहवीं कक्षा के रिजल्ट केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के ओर से घोषित कईल गईल बा। एह परीक्षा में आवे वाला विद्यार्थी आधिकारिक वेबसाइट cbse.gov.in पs जा के आपन रिजल्ट जाँच सकेलें. एह

Share

CBSE 2025 Results

सीबीएसई बोर्ड के बारहवीं कक्षा के रिजल्ट केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के ओर से घोषित कईल गईल बा। एह परीक्षा में आवे वाला विद्यार्थी आधिकारिक वेबसाइट cbse.gov.in पs जा के आपन रिजल्ट जाँच सकेलें. एह परीक्षा के रिजल्ट में कुल 88.39% छात्र सफलता हासिल कइले बाड़न. 

पास प्रतिशत में 0.41% के बढ़ोतरी भईल

बता दीं कि ई परीक्षा 15 फरवरी 2025 से 4 अप्रैल 2025 ले चलल, पिछला साल के मुकाबले एह साल रिजल्ट में सुधार देखल गइल बा आ अधिका विद्यार्थी पास भइल बाड़े. एह साल कुल 17,04,367 छात्र परीक्षा में रजिस्ट्रेशन करा चुकल रहले, जवना में से 16,92,794 छात्र परीक्षा में शामिल भईले। एहमें से 14,96,307 विद्यार्थी पास भइले जवना से कुल पास के प्रतिशत 88.39% हो गइल. जबकि पिछला साल (2024) में पास के प्रतिशत 87.98% रहे। एह तरह से एह साल पास प्रतिशत में 0.41% के बढ़ोतरी भइल बा.

क्षेत्रीय नतीजा में विजयवाड़ा अग्रणी बा

अगर क्षेत्रवार रिजल्ट के बात कईल जाए तs विजयवाड़ा सबसे ऊपर रहले अवुरी पास प्रतिशत 99.60% रहे। एकरा बाद त्रिवेन्द्रम में 99.32% छात्र आ चेन्नई में 98.47% छात्र पास भइले। दिल्ली के दुनो क्षेत्र-दिल्ली पश्चिम (95.34%) अवुरी दिल्ली पूर्व (95.06%)- भी बढ़िया प्रदर्शन कईले।

दोसरा तरफ प्रयागराज के प्रदर्शन सबसे कमजोर रहल जवना में पास प्रतिशत महज 79.53% रहल. नोएडा (81.29%), भोपाल (82.46%), आ पटना (82.86%) जइसन इलाका में भी सफलता के दर कम देखल गइल। दिल्ली पूर्वी क्षेत्र के बात कईल जाए तs उहाँ 1,80,162 छात्र रजिस्ट्रेशन कईले रहले, जवना में से 1,79,422 छात्र परीक्षा में शामिल भईले अवुरी 1,79,551 छात्र पास भईले। एह क्षेत्र के पास प्रतिशत 95.06% रहल जवन बहुत बढ़िया प्रदर्शन मानल जाला। 

कुल मिलाके एs साल सीबीएसई कक्षा बारहवीं के रिजल्ट सकारात्मक रहल बा अवुरी छात्र के प्रदर्शन में सुधार देखाई देता।

इहो पढ़ीं: पाकिस्तान LoC पs कइलस गोलीबारी, भारतीय सेना दिहलस मुंहतोड़ जवाब, ईहां पढ़ीं हर अपडेट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.