[the_ad_group id="30365"]

Sultanpur Accident News: पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs ट्रक से टकराइल कार; तीन के मौत, महाकुंभ से अयोध्या जात रहे लोग

Sultanpur Accident News: पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs ट्रक से टकराइल कार; तीन के मौत, महाकुंभ से अयोध्या जात रहे लोग
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रयागराज महाकुंभ से लवट रहल एसयूवी सोमार रात पूर्वांचल एक्सप्रेसवे पs कूरेभार थाना क्षेत्र में हादसा के शिकार हो गइल। ट्रक से टकराके एसयूवी क्षतिग्रस्त हो गइल। ओह पs सवार सोनवर्षा हरिसिटी जिला मोतिहारी बिहार निवासी सत्येन्द्रकांत पांडेय (57 वर्ष) , शशिबाला पांडेय(55) , रीता देवी (50) के मौत हो गइल। ई सब लोग कुंभ से स्नान कs के अयोध्या राम मंदिर में दर्शन करे जात रहे लो।

प्रत्यक्षदर्शियन आ घायलन के अनुसार एसयूवी एकदम से गाड़ी में ब्रेक लगवलस। ब्रेक लगावतही पीछे से तेज रफ्तार से आ रहल ट्रक गाड़ी पs जोरदार टक्कर मरलस।

एह घटना में रितेश, रविन्द्र नाथ तिवारी, किरन देवी गंभीर रूप से घायल हो गइल लो। एसयूवी मोतिहारी के अशोक चौबे चलावत रहस। ऊ बाल-बाल बच गइलें। घायलन के यूपीडा कर्मी एंबुलेंस से कूरेभार सीएचसी पहुंचावल लो। जहां चिकित्सक सत्येंद्रकांत, शशिबाला आ रीता देवी के मृत घोषित कs दिहल लो। आउर घायलन के इलाज सीएचसी कूरेभार में चल रहल बा। बतावल जा रहल बा कि वाहन में सात श्रद्धालु सफर करत रहे लो। एह लोगन के मंगर के अयोध्या दर्शन करे के रहे।

Read Also: Stock Market: शेयर बाजार कइलस सपाट सुरुआत, सेंसेक्स आ निफ्टी में मामूली बढ़त

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]