[the_ad_group id="30365"]

रांची: रात के अंहार में बिजली के खंभा से टकराईल कार, पिलर के भइल तीन टुकड़ा; चार के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के रांची में बुध देर रात एगो कार बिजली के खंभा से टकरा गईल। एह भयावह दुर्घटना में चार युवक के मउत के खबर बा। पुलिस के कहनाम बा कि, इ दुर्घटना सबेरे करीब साढ़े डेढ़ बजे शहर के सदर थाना क्षेत्र में बूटी चौक अवुरी डुमरदगा के बीच भईल। सदर थाना के प्रभारी लक्ष्मीकांत कहले कि, कार बिजली के खंभा से टकरा गईल अवुरी ओकरा बाद पलट गईल।असर एतना तेज रहे कि खंभा तीन टुकड़ा में टूट गईल। गाड़ी के रफ्तार बहुत तेज रहे।

मरेवालन सभे के उमिर 30 साल रहे

सदर थाना प्रभारी बतवले कि सूचना मिलते पुलिस तुरंत मउका पs पहुंचल अवुरी कार दुर्घटना में घाही सभ युवक के ‘राजेंद्र इंस्टीट्यूट ऑफ मेडिकल साइंस’ (रिम्स) ले जाइल गईल। अस्पताल पहुंचते डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। थाना प्रभारी लक्ष्मीकांत कहले कि, सभके उमर करीब 30 साल रहे।उ बतवले कि इs सभ लोग रांची के बारियातु बस्ती के निवासी हवे।

रिटायर्ड एसीपी टैक्सी से टकरा के आपन जान गँवा दिहलस

एगो अउरी कार दुर्घटना में महाराष्ट्र के मुंबई के सेवरी इलाका में तेज रफ्तार टैक्सी के चपेट में आके एगो रिटायर्ड सहायक पुलिस आयुक्त के मउत हो गईल। पुलिस के कहनाम बा कि नशा में धुत्त टैक्सी चालक रिटायर्ड सहायक पुलिस आयुक्त मोहम्मद जावेद (72 साल) के टक्कर मार दिहलस, जवना के नतीजा में उनुकर मउत हो गईल। एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि मंगलवार के रात करीब 11 बजे भाऊचा धक्का के नजदीक वाई जंक्शन पs जावेद टहले निकलल रहले। उ बतवले कि गलत ओर से आवत टैक्सी उनुका के टक्कर मार देलस। पुलिस पीसीआर से जावेद के सरकारी जेजे अस्पताल ले जाइल गइल बाकिर ओहिजा उनुका के मृत घोषित कs दिहल गइल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]