कार के एयरबैग लिहलस मासूम के जान, माई के गोदी में बैठ के यात्रा करत रहे लइकी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 30, 2024

  केरल के मलप्पुरम जिला से एगो चौंकावे वाला खबर सामने आइल बा. इहाँ एगो कार दुर्घटना के बाद एयरबैग खुलला के चलते दु साल के बच्ची के दम घुटले से मउत हो गईल।  पुलिस

Share

दुर्घटना: फोटो

 

केरल के मलप्पुरम जिला से एगो चौंकावे वाला खबर सामने आइल बा. इहाँ एगो कार दुर्घटना के बाद एयरबैग खुलला के चलते दु साल के बच्ची के दम घुटले से मउत हो गईल।  पुलिस अतवार के दिने एह घटना के जानकारी दिहलस. घटना शुक के सांझ के भईल, जब लईकी अपना परिवार के लोग के संगे कोट्टक्कल से पदपराम्बु जात रहे।

पुलिस के मुताबिक गाड़ी एगो टैंकर से टकरा गईल। टक्कर के चलते अचानक एयरबैग खुल गईल।एs दौरान महतारी के गोदी में आगे के सीट पs बईठल लईकी के चेहरा एयरबैग में दब गईल। एकरा चलते दम घुटला के चलते ओकर मउत हो गईल। पुलिस के कहनाम बा कि, महतारी समेत चार अवुरी यात्री के मामूली चोट पहुंचल बा।

एयरबैग एगो मजबूत कपड़ा से बनल गुब्बारा निहन कवर होखेला, जवन कि गाड़ी के भीतर ड्राइवर अवुरी सवारी के सोझा लगावल जाला। दुर्घटना के स्थिति में जब गाड़ी अचानक रुक जाले चाहे कवनो चीज़ से टकरा जाले तs एयरबैग तेजी से हवा से फुला जाला। इs फुलल एयरबैग ड्राइवर अवुरी सवारी के आगे धकेले से रोकेला, जवन कि गंभीर चोट से बचावे में मदद करेला।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.