सिपाही भर्ती परीक्षा में अभ्यर्थियन के मिली पांच मिनट के अतिरिक्त समय, डीजी भर्ती बोर्ड जारी कइलस निर्देश

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 18, 2024

उत्तर प्रदेश में सिपाही बहाली के परीक्षा 23 से 31 अगस्त तक चली। एही बीच उम्मीदवारन के पांच मिनट के अतिरिक्त समयो दिहल जाई। भर्ती बोर्ड के अध्यक्ष/डीजी राजीव कृष्ण के कहनाम बा कि परीक्षार्थी

Share

उत्तर प्रदेश में सिपाही बहाली के परीक्षा 23 से 31 अगस्त तक चली। एही बीच उम्मीदवारन के पांच मिनट के अतिरिक्त समयो दिहल जाई। भर्ती बोर्ड के अध्यक्ष/डीजी राजीव कृष्ण के कहनाम बा कि परीक्षार्थी परीक्षा के समय में पांच मिनट के अतिरिक्त समय देवे के मांग कइले रहले। जवना पs बोर्ड पांच मिनट के अतिरिक्त समय देवे के फैसला कइले बा।

उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती आ पदोन्नति बोर्ड एगो महत्वपूर्ण फैसला लिहले बा कि सिपाही बहाली परीक्षा में अभ्यर्थियन के पांच मिनट के अतिरिक्त समय दिहल जाई। भर्ती बोर्ड के अध्यक्ष/डीजी राजीव कृष्ण के कहनाम बा कि परीक्षार्थी परीक्षा के समय में पांच मिनट के अतिरिक्त समय देवे के मांग कइले रहले। जवना पs बोर्ड पांच मिनट के अतिरिक्त समय देवे के फैसला कइले बा।

अतिरिक्त समय के संबंध में केन्द्र प्रशासक आ अन्य संबंधित अधिकारी के दिशानिर्देश दिहल गइल बा। उत्तर प्रदेश पुलिसो इ जानकारी अपना एक्स अकाउंट पs साझा कइले बिया। एगो अधिकारी के कहनाम बा कि, कबो-कबो उम्मीदवार के जांच आ सुरक्षा से जुड़ल अउरी कारण से कुछ उम्मीदवार के एक-दु मिनट के देरी हो जाला। एकरा चलते उम्मीदवार अतिरिक्त समय देवे के मांग कइले रहले।

सिपाही बहाली के परीक्षा 23, 24, 25, 30 आ 31 अगस्त के दू पाली में करावल जाई। पहिला पाली के परीक्षा सबेरे दस बजे से दुपहरिया बारह बजे ले आ दुसरका पाली के परीक्षा दुपहरिया तीन बजे से साँझ पाँच बजे का बीच होखी।

उम्मीदवार के वेबसाइट पs एक बेर के 20 मिनट के बाद दूसरा प्रयास करे के चाही

उम्मीदवार अपना परीक्षा केंद्र के जिला के बारे में भर्ती बोर्ड के वेबसाइट प जानकारी ले सकऽतारे। शुक के सांझ के पांच बजे से इ सुविधा शुरू भइल। भर्ती बोर्ड के अधिकारी के मुताबिक अबही ले 24 लाख से जादे उम्मीदवार जिला सूचना पर्ची डाउनलोड कऽ चुकल बाड़े।

वेबसाइट प जादा लोड होखला के चलते जानकारी डाउनलोड करे में समस्या के इस्थिति में उम्मीदवार के सलाह दिहल गइल बा कि जदी उऽ एक कोशिश में असफल हो गइले तऽ करीब 20 मिनट के बाद दोबारा कोशिश करस। परीक्षा के तारीख से तीन दिन पहिले एडमिट कार्ड वेबसाइट पs उपलब्ध हो जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.