[the_ad_group id="30365"]

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में नामांकन के तिथि बढ़ल: 10 जुलाई तक अभ्यर्थी ले सकी लो प्रवेश, दूसरका सूची जारी

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय में चार वर्षीय स्नातक सीबीसीएस पाठ्यक्रम सत्र 2024-28 के पहिला सूची में सामिल अभ्यर्थियन के नामांकन के तिथि 10 जुलाई तक विस्तारित कs दिहल गइल बा। जानकारी के मोताबिक तारीख विस्तारण के ई अंतिम मवका बा। एकरा बाद कवनो परिस्थिति में नामांकन के तिथि विस्तारित ना कइल जाई।

नया छात्र-छात्रा लोगन खातिर 10 जुलाई के ओरिएंटेशन होई आ 11 जुलाई से कक्षा प्रारंभ होई। ओहिजा नामांकन के दूसरका सूची जारी कs दिहल गइल बा। एह अभ्यर्थियन के नामांकन 10 जुलाई से 15 जुलाई तक चली। मालूम होखे कि पहिला मेधा सूची में सामिल अभ्यर्थियन खातिर नामांकन के अंतिम तिथि पहिले पांच जुलाई निर्धारित कइल गइल रहे। जवना के विस्तारित कs के आठ जुलाई कs दिहल गइल रहे।

एह बीच अलग-अलग कारणन से बड़ संख्या में नामांकन से वंचित छात्र-छात्रा लोगन के अनुरोध पs कुलपति प्रो. परमेंद्र कुमार बाजपेई 10 जुलाई तक तिथि विस्तारित करे के निरदेस देले बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]