[the_ad_group id="30365"]

कनाडा में कारोबारी के गोली मार के हत्या, Singer के घर पऽ फायरिंग; लॉरेंस गैंग लेलस जिम्मेदारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। कुख्यात गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई के गैंग कनाडा के एबॉट्सफोर्ड में एगो भारतीय मूल के उद्योगपति के गोली मार के हत्या कs देले बा। एही के संगे एगो पंजाबी गायक के घर पऽ फायरिंग कइला के जिम्मेदारी ले लेले बा।

ई दुनो घटना ठीक ओह दिन के बाद भइल, जब राजस्थान पुलिस लॉरेंस बिश्नोई गैंग के सक्रिय सदस्य जगदीप सिंह उर्फ जग्गा के अमेरिका में गिरफ्तार कइलस।

‘पैसा ना देलें तs’ गोली चल गइल’

सोशल मीडिया पऽ बिश्नोई गैंग के गोल्डी ढिल्लों पोस्ट कs कइलस कि उद्योगपति दर्शन सिंह साहसी के हत्या उनकर गैंग कइले बा। गैंग के दावा बा कि साहसी बड़ ड्रग कारोबार से जुड़ल रहलें। जेतना बेर उनका से पईसा मांगल गइल, ऊ ना देलें। एह पईसा ना देवे के सजा में मौत दिहल गइल।

Singer के घर पऽ हमला

गोल्डी ढिल्लों पंजाबी Singer चन्नी नट्टन के घर पs भइल गोलीबारी के जिम्मेदारी ले लेलें।
पोस्ट में लिखल बा:
“सत श्री अकाल! हम गोल्डी ढिल्लों (लॉरेंस बिश्नोई गैंग) हईं। चन्नी नट्टन के घर पs भइल गोलीबारी के कारण सरदार खेड़ा बा।”

लॉरेंस गैंग संगीत इंडस्ट्री के चेतावनी देत कहलें:

“जे केहू कलाकार भविष्य में सरदार खेड़ा के साथे काम करी, ऊ आपन नुकसान खातिर खुद जिम्मेदार होई। हम सरदार खेड़ा के लगातार भारी नुकसान पहुंचावत रही।”

गोल्डी  कहलें कि
“हमरा चन्नी नट्टन से व्यक्तिगत दुश्मनी नइखे। ई हमला उनका खिलाफ ना, बलुक सरदार खेड़ा के चलते भइल बा।”

Read Also: UP News : यूपी में बन सकेला एगो आउर नया जिला, योगी सरकार मंगलस रिपोर्ट, जानीं का रही नाम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]