[the_ad_group id="30365"]

ट्रक से टकरा के शादी समारोह में जा रहल बस पलटल, हादसा में 4 के गईल जान, 10 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के पलामू जिला में बुध के रात भईल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में चार लोग के मउत हो गईल अवुरी 10 लोग घाही हो गईले। तरहसी थाना क्षेत्र के ब्रह्मपुरा मोड़ के लगे बेदनी-पदमा रोड पs भईल इs हादसा बियाह समारोह में जात तेज रफ्तार से आवत बस ट्रक से टकरा के पलट गईल।

पुलिस से मिलल जानकारी के मुताबिक बुध के रात के करीब 10 बजे दुर्घटना भईल। तरहासी थाना प्रभारी नीरज कुमार बतवले कि टक्कर एतना भयंकर रहे कि बस पलट गईल, जवना से चार लोग के मौका पs मउत हो गईल। सभे घाही के तुरंत मेदिनीराय मेडिकल कॉलेज एंड अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर इलाज चलता।

लेस्लीगंज के अनुमंडल पुलिस अधिकारी मनोज कुमार झा मरेवाला के पहचान के पुष्टि कईले बाड़े। मरेवाला में चुनका गांव के निवासी चंदन कुमार सिंह, विकास कुमार सिंह, विकास कुमार सिंह अवुरी विक्की कुमार सिंह शामिल बाड़े। घटना के बाद स्थानीय लोग अवुरी पुलिस के मदद से बचाव के काम शुरू कs दिहल गईल। दुर्घटना के कारण के जांच कईल जाता, बाकिर शुरू में तेज रफ्तार के दुर्घटना के मुख्य कारण मानल जाता। एह घटना के चलते पूरा इलाका में शोक के माहौल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]