धर्मशाला टेस्ट में बुमराह करिहें वापसी : केएल राहुल ना खेलिहें; वॉशिंगटन सुंदर रणजी खातिर रिलीज

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 1, 2024

धर्मशाला टेस्ट में जसप्रीत बुमराह के वापसी भइल बा। बुमराह के रांची टेस्ट से आराम दिहल गइल रहे। केएल राहुल के टीम में जगह नइखे मिलल। एतनही ना, सिलेक्टर्स वॉशिंगटन सुंदर के रणजी ट्रॉफी के

Share

धर्मशाला टेस्ट में जसप्रीत बुमराह के वापसी भइल बा। बुमराह के रांची टेस्ट से आराम दिहल गइल रहे। केएल राहुल के टीम में जगह नइखे मिलल। एतनही ना, सिलेक्टर्स वॉशिंगटन सुंदर के रणजी ट्रॉफी के सेमीफाइनल खेले खातिर नेशनल टीम से रिलीज कइले बा लो।। सुंदर टीम में रहलें, बाकिर उनका के एको मैच ना खिलावल गइल रहे।

बोर्ड बियफे के बतवलस कि राहुल इंग्लैंड के खिलाफ पांच मैचन के सीरीज के आखिरी मुकाबला ना खेलिहें। ऊ मैच फिटनेस हासिल नइखन कs सकल। BCCI के मेडिकल टीम उनका इंजरी के मॉनीटर कs रहल बिया। धर्मशाला टेस्ट 7 मार्च से 11 मार्च के बीच खेलल जाई।

इंग्लैंड में इलाज करा रहल बाड़े राहुल

केएल राहुल आपन चोट के इलाज करावे खातिर इंग्लैंड गइल बाड़ें। एह संबंध में BCCI कहलस कि बोर्ड के मेडिकल टीम स्पेशलिस्ट के निगरानी में उनका इंजरी के मॉनीटर कs रहल बिया। राहुल के इंग्लैंड जाए के बात पहिलही कुछ रिपोर्ट में आ चुकल बा।

पहिला टेस्ट में चोटिल भइल रहस राहुल

केएल राहुल के इंग्लैंड के खिलाफ हैदराबाद टेस्ट के दौरान दहिना क्वाड्रिसेप्स में दरद भइल रहे। जवना खातिर पिछला साल उनकर सर्जरी भइल। अइसन मानल जा रहल बा कि अभियो उनका कुछ परेसानी बा। एकरा बाद से ऊ सीरीज के बाकी मैच ना खेल सकलें।

सीरीज जीत चुकल बा भारत, रांची टेस्ट 5 विकेट से जीतल 

भारतीय टीम आखिरी मुकाबला से पहिलही सीरीज में अजेय बढ़त हासिल कs चुकल बिया। टीम इंडिया रांची टेस्ट में इंग्लैंड के पांच विकेट से हरवले रहे। एह जीत से भारत के पांच टेस्ट मैचन के सीरीज में 3-1 के अजेय बढ़त मिलल।

5वां टेस्ट खातिर भारत के अपडेट स्क्वॉड

रोहित शर्मा (कप्तान), जसप्रीत बुमराह (उपकप्तान), यशस्वी जायसवाल, शुभमन गिल, रजत पाटीदार, सरफराज खान, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), केएस भरत (विकेटकीपर), देवदत्त पड्‌डीकल, रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, मोहम्मद सिराज, मुकेश कुमार, आकाश दीप।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.