[the_ad_group id="30365"]

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में 1932 करोड़ के बजट प्रस्तावित : राज्यपाल के अध्यक्षता में भइल सीनेट के बैठक

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय में आज सीनेट के बैठक आयोजित कइल गइल। सीनेट के बैठक में बिहार राज्य के राज्यपाल राजेंद्र विश्वनाथ आर्किकार भाग लेलें। राज्यपाल के अध्यक्षता में सीनेट के बैठक आयोजित कइल गइल। एमे आगामी वित्तीय वर्ष में शैक्षणिक संरचना पs विचार विमर्श कइल गइल। संगही 2024-25 खातिर बजट के प्रस्ताव ले आवल गइल बा।

एह दौरान सीनेट के बैठक में विश्वविद्यालय के अधिकारी सहित सात जनप्रतिनिधि आ 30 गो सीनेट सदस्य उपस्थित रहे लो। सीनेट के बैठक के दौरान जनप्रतिनिधि शैक्षणिक बेवस्था खातिर ध्यानाकर्षण कइल। एह दौरान 1932 करोड़ रुपए के बजट के प्रस्ताव ले आवल गइल। एमे 21 करोड़ रुपिया के विश्वविद्यालय से आमद बजट बा। जबकी 1900 करोड़ सरकार से अनुमोदन के अनुरोध कइल गइल।

कार्यक्रम के बारे में जानकारी देत कुलपति प्रोफेसर प्रमेंद्र कुमार वाजपेयी बतवलें कि कुलाधिपति महामहिम के अध्यक्षता में सीनेट के बैठक आयोजित कइल गइल। एमे विश्वस्तरीय शैक्षणिक बेवस्था पs मजबूती से चरचा करत लागू लगे के संरचना पs चरचा कइल गइल। लगातार दूसरका बेर महामहिम सीनेट के बैठक में अइलें।

सीनेट में ऐतिहासिक बजट प्रस्तावित कइल गइल। एकरा के दु भागन में बांटल गइल बा। ई पहिला सामान्य बजट बा जेमे विश्वविद्यालय के सैलरी पेंशन सहित आउर दायित्व खातिर बजट बा। एकरा अलावे पहिला बेर विश्वविद्यालय के बजट के श्रेष्ठता के तरफ ले जावे के गुणवत्ता पूर्ण शिक्षा देवे खातिर विश्वविद्यालय परिसर आ अंगीभूत महाविद्यालय में शोध के शिक्षा के जोड़ सकत बा। एकरा खातिर राष्ट्रीय शिक्षा नीति के मोताबिक जयप्रकाश विश्वविद्यालय के तइयार कइल जा सके। एकरा खातिर अद्योत संरचना विकास के अलग से बजट मांगल गइल बा।

बिहार के राज्यपाल सीनेट में बैठक खातिर 3:30 मिनट तक कार्यक्रम में उपस्थित रहलें। हालांकि तय समय से 15 मिनट पहिले राज्यपाल के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के परिसर में आगमन हो गइल। गार्ड ऑफ ऑनर लेला के बाद पहिले से निर्धारित समय के अनुसार कार्यक्रम के बैठक आयोजित भइल। पहिले से निर्धारित समय के मोताबिक 10:30 से 2 बजे तक उपस्थित रहे लो। राज्यपाल सड़क मार्ग से पटना से छपरा आउट भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]