Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बुद्ध से कबीर तक यात्रा गोरखपुर से पहुंचल बड़हलगंज, दिखल लोगन में खासा उत्साह

1,385

शान्ति आ सद्भावना के उद्देश्य लेके पिछिला पांच बरिसन से पूर्वांचल में समय समय पs आयोजित होखे वाला बुद्ध से कबीर तक यात्रा के पांच दिन के कार्यक्रम में दूसरा दिन बडहलगंज के नामे रहल, नगर इस्थित सेंट जोसेफ स्कूल आ नेशनल इंटर कॉलेज के विद्यार्थियन के बीचे भइल कार्यक्रम में सर्व धर्म समभाव, आपसी भाईचारा के बारे में बतावत संस्था के संरक्षक डॉ विनोद मल्ल, पूर्व डीजीपी गुजरात कबीर, बुद्ध आ गांधी के राह पs चले के बात कहलें।

वाराणसी से एह यात्रा में पहुंचल फादर आनंद देस के युवा पीढ़ी के उत्तरदायित्व के तौर पs आपन साझा विरासत आउर आपसी भाईचारा के बनावल रखला के अपील कइलें। ऊ भारत के संवैधानिक राष्ट्रवाद के विचारधारा आ संविधान के मूल कर्तव्यन आ अधिकारन के बारे में विस्तृत रूप से लईका के अवगत करवलें।

बुद्ध से कबीर तक बैंड के द्वारा कबीर के पदन आ कौमी एकता के तरानन के माध्यम से संस्था के उद्देश्यन के संगीतमय प्रस्तुति दिहल गइल। जवना के उपस्थित दर्शकन द्वारा खूब सराहल गइल। यात्रा के तहत नगर के जनता लाइब्रेरी में एगो गोष्ठी के आयोजनो कइल गइल, जेमे वक्ता युवा लोगन से संवाद कs के समाज के विकास आ बेहतर भविष्य खातिर प्रेरित कइल गइल। साँझ के डॉ. अम्बेडकर चौक से दीनदयाल चौराहा तक एगो विशाल पदयात्रा निकालल गइल। जेमे बहुसंस्कृति के प्रतीकन के रूप में अलग-अलग रंगन के झंडन आ तिरंगा लेले लोग यात्रा में भाग लिहल।

यात्रा प्रभारी एस ए रहमान बतवलें कि शान्ति, सद्भावना के प्रसार खातिर पांच दिन के ई यात्रा एह साल गोरखपुर आ निकटवर्ती जनपदन में निकालल जाई, जवना के तहत अलग-अलग स्थानन पs पदयात्रा, सांस्कृतिक कार्यक्रमन आ उद्बोधनन के माध्यम से लोगनके बीचे देस के एकता आ संवैधानिक राष्ट्रवाद के प्रति जागरूकता के बात कइल जाई। एह यात्रा में ऐश्प्रा समूह के जोगदान आ सहजोग रहल।

एह मवका पs बुद्ध से कबीर तक संस्था के श्रीमती अनुराधा मल्ल, पूर्व आइएएस गुजरात, सेराज अहमद अब्दुल्लाह,जफ़र साहब , हाशिम साहब, सुधीर टेकरीवाल, प्रवीन गुप्ता, दीपक अग्रवाल, शैलेन्द्र कबीर, ऋषभ मल्ल, क्षितिज, दीपक, राजमन, गोविन्द, अजीत सिंह आदि यात्री के रूप में मवजूद रहल लो।

389250cookie-checkबुद्ध से कबीर तक यात्रा गोरखपुर से पहुंचल बड़हलगंज, दिखल लोगन में खासा उत्साह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.