Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP: बसपा जारी कइलस छव उम्मीदवारन के एगो आउर लिस्ट; देखीं पूरा सूची

255

बहुजन समाज पार्टी लोकसभा चुनाव के लेके उम्मीदवारन के एगो आउर लिस्ट जारी कइले बिया। एमे छव प्रत्याशियन के नाम बा। कैसरगंज सीट पs बसपा ब्राह्मण कार्ड खेलले बिया। संगही आजमगढ़ सीट पs बसपा आपन उम्मीदवार बदल देले बिया।

बियफे के जारी लिस्ट में बसपा के एह लिस्ट में कैसरगंज, डुमरियागंज, गोंडा, संत कबीरनगर, बाराबंकी आ आजमगढ़ सीट से प्रत्याशियन के नाम सामिल बा। लखनऊ पूर्वी विधानसभा सीट पs हो रहल उपचुनाव खातिर उम्मीदवार के नाम के एलान कइले बिया। बहुजन समाज पार्टी लोकसभा चुनाव में अकेले मैदान में बिया।

बसपा कैसरगंज सीट पs ब्राह्मण कार्ड खेलत नरेंद्र पाण्डेय के उतरले बिया। आजमगढ़ में प्रत्याशी बदलके मशहूद अहमद के उम्मीदवार घोषित कइल गइल बा। गोंडा से सौरभ कुमार मिश्रा, डुमरियागंज से मोहम्मद नदीम मिर्जा, संतकबीर नगर से नदीम अशरफ आ बाराबंकी से शिव कुमार दोहरे के मैदान में उतारल गइल बा।

बसपा एह लिस्ट में तीन मुस्लिम चेहरन पs दांव लगवले बिया। दुगो ब्राह्मण के टिकट दिहल गइल बा। एगो आरक्षित सीट पs अनुसूचित जाति के प्रत्याशी के टिकट दिहल गइल बा। बसपा के ओर से उम्मीदवारन के ई 11वीं सूची हs। एकरा पहिले 10 सूची जारी कइल गइल बा, अब तक बसपा 75 से जादे सीटन पs आपन प्रत्याशी उतार चुकल बिया।

पिछला लिस्ट में अमेठी से बदलल रहे उम्मीदवार

एकरा पहिले, 29 अप्रिल के बसपा यूपी के तीन सीटन पs प्रत्याशियन के घोषणा कइले रहे। एह लिस्ट में पार्टी अमेठी, प्रतापगढ़ आ झांसी के उम्मीदवार घोषित कइले रहे। अमेठी से नन्हें सिंह चौहान, प्रतापगढ़ में प्रथमेश मिश्रा आ झांसी में रवि प्रकाश कुशवाहा के उम्मीदवार बनावल गइल रहे।

नामांकन से पहले पार्टी अमेठी से उम्मीदवार बदलले रहे। एक दिन पहिले 28 अप्रिल के अमेठी सीट पs रवि प्रकाश मौर्या के प्रत्याशी बनावल गइल रहे। ऊ अयोध्या से विधानसभा चुनाव लड़ चुकल बाड़ें। उनका जगह पs अब नन्हें सिंह चौहान पार्टी के प्रत्याशी होइहें।

810150cookie-checkUP: बसपा जारी कइलस छव उम्मीदवारन के एगो आउर लिस्ट; देखीं पूरा सूची

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.