बिहार बोर्ड कक्षा 10वीं के डेटशीट 2025 जारी, बीएसईबी मैट्रिक के परीक्षा 17 फरवरी से

Minee Upadhyay
बिहार बोर्ड कक्षा 10वीं के डेटशीट 2025 जारी
- Sponsored Ads-

सीबीएसई, सीएससीई बोर्ड के बाद अब बिहार बोर्ड बोर्ड परीक्षा 2025 के कार्यक्रम जारी कs देले बा। बिहार स्कूल परीक्षा बोर्ड शनिचर के दिने बीएसईबी बिहार बोर्ड कक्षा दसवीं, बारहवीं परीक्षा 2025 के समय सारिणी जारी कइलस. समय सारिणी के मुताबिक बीएसईबी बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट के वार्षिक परीक्षा 1 फरवरी 2025 से शुरू होई, जबकि बीएसईबी बिहार बोर्ड के मैट्रिक के परीक्षा 17 फरवरी से शुरू होई। बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा में भाग लेवे वाला सभ लईका लईकी बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट biharboardonline.bihar.gov.in से बीएसईबी कक्षा 10वीं टाइम टेबल 2025 डाउनलोड कs सकता.

पहिला दिन मातृभाषा के पेपर

- Sponsored Ads-

बीएसईबी के ओर से जारी कार्यक्रम के मुताबिक बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा 17 फरवरी 2025 से शुरू होई अवुरी 25 फरवरी 2025 ले चली। बिहार बोर्ड के मैट्रिक के परीक्षा 17 फरवरी 2025 से मातृभाषा (हिंदी, बांग्ला, उर्दू आ मैथिली) के पेपर से आ 25 फरवरी के व्यावसायिक वैकल्पिक विषय (सुरक्षा, ब्यूटिशियन, टूरिज्म, रिटेल मैनेजमेंट, ऑटोमोबाइल, इलेक्ट्रॉनिक्स एंड हार्डवेयर, ब्यूटी एंड वेलनेस, टेलीकॉम एवं आईटी/ आईटीज ट्रेड पेपर से हो जाई। 

परीक्षा दु पाली में होई
बिहार बोर्ड के वार्षिक माध्यमिक परीक्षा 2025 दू पाली में करावल जाई. पहिला पाली के परीक्षा सबेरे 9.30 बजे से 12.45 बजे ले चली। दूसरा पाली के परीक्षा दुपहरिया 2 बजे से 5.15 बजे ले होई। बीएसईबी कक्षा दसवीं के प्रैक्टिकल परीक्षा बिहार बोर्ड के ओर से 10 जनवरी से 20 जनवरी 2025 ले होई। 

बिहार बोर्ड परीक्षा 2025 के एडमिट कार्ड 

बिहार बोर्ड कक्षा दसवीं यानी मैट्रिक परीक्षा के एडमिट कार्ड बीएसईबी द्वारा 8 जनवरी 2025 के जारी कईल जाई, जवन 15 जनवरी 2025 ले वेबसाइट पs उपलब्ध होई। छात्र बोर्ड के आधिकारिक वेबसाइट से बीएसईबी कक्षा दसवीं एडमिट कार्ड 2025 डाउनलोड कs सकतारे। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।