[the_ad_group id="30365"]

BPSC Recruitment 2024: आज बिहार में 46 हजार से अधिक शिक्षक पद के आवेदन के अंतिम तिथि बा, इहा जानि आवेदन कइसे होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जदी रउरा बिहार में शिक्षक बने के चाहत बानी त एह मौका के मत छोड़ीं । बीपीएससी 46 हजार से अधिका शिक्षक पद खातिर रिक्ति जारी कइले बिया जवना के आखिरी तारीख आज बा।

जदी रउरा सरकारी शिक्षक बने के बा त एह मौका के मत छोड़ीं । बिहार लोक सेवा आयोग आज यानी 10 अप्रैल के राज्य में शिक्षक प्रमुख आ हेड मास्टर के 46 हजार से अधिका पद प जारी रिक्ति खाती आवेदन प्रक्रिया बंद क दिही। अइसना में जवन उम्मीदवार अभी तक कवनो कारण से ए बहाली खाती आवेदन नइखन क पवले, उ आधिकारिक वेबसाइट प जाके एकरा खातीर आवेदन क सकतारे। याद राखीं कि एकरा खातिर बीपीएससी के आधिकारिक वेबसाइट bpsc.bih.nic.in पर जा के आवेदन कइल जा सकेला ।

योग्यता

एह बहाली खातिर आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के पोस्ट ग्रेजुएट होखे के चाहीं । संग ही बीएड./बीए बीएड./बीएससी बीएड , पास भी होखे के चाहीं। एकरा अलावे परीक्षार्थी के टेट परीक्षा में भी क्वालिफाई करे के होई आ कुछ साल के पढ़ावे के अनुभव होखे के चाही।

आवेदन शुल्क 

एह बहाली खातिर आवेदन करे वाला जनरल/ओबीसी/अन्य राज्य के उम्मीदवारन के आवेदन शुल्क का रूप में 750 रुपिया देबे के पड़ी । जबकि अनुसूचित जाति/जनजाति/पीडब्ल्यूडी/महिला उम्मीदवार के आवेदन के रूप में 200 रुपया जमा करे के होई। ध्यान रहे कि आवेदन शुल्क ऑनलाइन मोड के माध्यम से ही जमा कईल संभव बा।

 बीपीएससी भर्ती 2024 : एही तरे आवेदन करीं

सबसे पहिले उम्मीदवार के बीपीएससी के आधिकारिक वेबसाइट bpsc.bih.nic.in प जाए के होई।

ओकरा बाद होम पेज प रउआ Apply Online लिंक प क्लिक करे के होई।

एकरा बाद पहिले ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन लिंक प क्लिक क के नयका पोर्टल प रजिस्ट्रेशन करावे के होई।

अब रजिस्ट्रेशन के बाद उम्मीदवार के लॉग इन क के ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया पूरा करे के चाही।

अंत में फीस जमा कर के भरल फार्म के प्रिंटआउट ले लीं ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]