BPSC पेपर लीक ममिला में ईओयू के बड़ कार्रवाई, मजिस्ट्रेट आ प्रिंसिपल सहित 4 गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2022

बीपीएससी प्रश्न पत्र लीक होखला के ममिला में वीर कुंवर सिंह कॉलेज पs प्रतिनियुक्त मजिस्ट्रेट सह बड़हरा के बीडीओ जयवर्धन गुप्ता, प्रिंसिपल योगेंद्र सिंह, लेक्चरर सह कंट्रोलर सुशील कुमार सिंह आ लेक्चरर सह सहायक सुपरिटेंडेंट

Share

बीपीएससी प्रश्न पत्र लीक होखला के ममिला में वीर कुंवर सिंह कॉलेज पs प्रतिनियुक्त मजिस्ट्रेट सह बड़हरा के बीडीओ जयवर्धन गुप्ता, प्रिंसिपल योगेंद्र सिंह, लेक्चरर सह कंट्रोलर सुशील कुमार सिंह आ लेक्चरर सह सहायक सुपरिटेंडेंट अगम कुमार सहाय के ईओयू गिरफ्तार कइलस।

बता दीं कि बिहार लोक सेवा आयोग (बीपीएससी) के 67 वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा (पीटी) के पेपर लीक ममिला में आर्थिक अपराध इकाई (ईओयू) एफआईआर दर्ज कइलस। हालांकि ईओयू थाना में दर्ज एफआईआर (कांड संख्या 20/22) में केहु के अभियुक्त नइखे बनावल गइल। फिलहाल अज्ञात के खिलाफ केस दर्ज कs के जांच कइलस जा रहल बा। डीएसपी रैंक के अधिकारी के एह केस के आईओ बनावल गइल बा।

गौर करे आला बा कि प्रश्नपत्र वायरल होखला के ममिला सोझा अइला के बाद बिहार लोक सेवा आयोग (बीपीएससी) 67वीं संयुक्त प्रारंभिक परीक्षा (पीटी) के रद्द कs दिहल गइल गइल। प्रश्नपत्र वायरल होखला के बाद जांच ला आयोग के कमेटी के रिपोर्ट के बाद अध्यक्ष आरके महाजन परीक्षा रद्द करे के निर्णय लेलस। प्रश्नपत्र कहां से लीक भइल, के वायरल कइल, एकर जांच ला आयोग के सिफारिश पs डीजीपी  टीम गठित कs देले। बता दीं कि बीपीएससी 67वीं प्रारंभिक परीक्षा अतवार के 12 बजे से सुरू भइल।  एकरा पहिलही प्रश्नपत्र सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल। परीक्षा के बाद परीक्षार्थी दावा कइलस लो कि वायरल प्रश्नपत्र के सवाल परीक्षा में पूछल गइल प्रश्नपत्र से मिल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.