[the_ad_group id="30365"]

इसुआपुर में मिलल वार्ड पार्षद के शव, परिजन हत्या के आरोप लगावल लो, पुलिस जांच में जुटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के इसुआपुर में वार्ड पार्षद के संदेहास्पद इस्थिति में शव बरामद भइल बा। शव मिलला के बाद परिजन हत्या कइल गइला के आरोप लगवले बा लो। जवना के बाद घटनास्थल पs पहुंचल पुलिस जांच पड़ताल में जुट गइल बिया। मृतक के पहचान इसुआपुर थाना क्षेत्र के अगहथौर गांव निवासी शिव प्रशन पांडेय के पुत्र मनोकामना पांडेय (52) के रूप में भइल बा।

ऊ अगहथौर पंचायत के वार्ड नम्बर 13 के वार्ड पार्षद सदस्य रहलें। शव मिलला के बाद पूरा क्षेत्र में सनसनी फइल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि ऊ अतवार के सांझ से लापता रहस। ओहिजा, उनकर शव के सोमार के घर से एक किलोमीटर दूर खेत से बरामद कइल गइल बा। पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज देले बिया।

अतवार के सांझ फोन अइला पs घर से निकलल रहस

उनकर लईका श्रीसंत कुमार पांडे बतवलें कि अतवार के सांझ के उनकर बाबूजी के एगो फोन आइल। जेमे उनका के कहीं बोलावल गइल रहे। जवना के कुछ देर बाद ऊ बाजार जाये खातिर घर से निकलले। बाकिर वापस ना अइलें। ओहिजा, देर रात तक वापस ना अइला पs खोजबीन आ उनका मोबाइल पs फोन कइल गइल, बाकिर ऊ फोन ना उठवलें।

सोमार के हत्या के खबर मिलल तs हमनी के सन्न रह गइनी सs। गांव के बगले में ब्रह्मबाबा के नीचे शव बरामद भइल बा है। उनकर मोटरसाइकिल आ मोबाइल घटनास्थल से बरामद भइल बा। मृतक के गर पs लाल गहिराह जख्म के निशान रहे, जवना से प्रतीत हो रहल बा कि हत्या कइल गइल बा। हत्या के दुर्घटना के रूप देवे के कोसिस कइल गइल बा।

ममिला के जांच में जुटल पुलिस

मढ़ौरा डीएसपी नरेश पासवान बतवलें कि थाना क्षेत्र के अगहथौर गांव के ब्रह्म बाबा के लगे से एगो व्यक्ति के शव बरामद भइल बा। मृतक वार्ड पार्षद मनोकामना पांडे बतावल जा रहल बाड़ें। घटना के गहनता से जांच कइल जा रहल बा। ऊ कहलें कि टेक्निकल सेल आ एसआईटी के बोलावल गइल बा। पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बाद हत्या के कारणन के स्पष्ट जानकारी होई।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]