[the_ad_group id="30365"]

सोनीपत में अशोका यूनिवर्सिटी के कैंपस में दु गो छात्रन के शव मिलल

अशोका यूनिवर्सिटी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा के सोनीपत के राजीव गांधी एजुकेशन सिटी में स्थित अशोका विश्वविद्यालय के एगो छात्र विश्वविद्यालय के छत से कूद के आत्महत्या कs लिहलस। तs एगो छात्र के शव मेन गेट पs संदिग्ध परिस्थिति में मिलल।  आत्महत्या करेवाला छात्र तेलंगाना के रहेवाला ध्रुव साहू रहले, जबकि दूसर छात्र के नाव विग्नेश रहे जवन कि बेंगलुरु के रहेवाला रहले।

पुलिस करत बिया मामला के जांच

जानकारी के मुताबिक ध्रुव प्रथम वर्ष के छात्र अवुरी विग्नेश दूसरा साल के छात्र रहले।  राय थाना अवुरी अशोका विश्वविद्यालय मरेवाला छात्र के परिवार के एs मामला के जानकारी देले बा।  राय थाना मामला के गंभीरता से जांच करतिया। पुलिस के कहनाम बा कि, पोस्टमार्टम रिपोर्ट अईला के बाद मउत के कारण के खुलासा होई।

जानकारी के मुताबिक शुक के देर रात अशोक विश्वविद्यालय में दु छात्र के शव संदिग्ध हालत में मिलल।  बतावल जाता कि विश्वविद्यालय के दसवां मंजिल से गिर के एगो छात्र के मउत हो गईल।  आशंका बा कि छात्र आत्महत्या कs लेले बाड़े।  विश्वविद्यालय के गेट के लगे एगो अवुरी छात्र के शव मिलल।  पुलिस सूचना ले पहुंचल अवुरी अलग-अलग कोण से मामला के जांच करतिया।

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]