[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल में सामिल होइहें भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता आउर राज्यसभा सांसद डॉ॰ सुधांशु त्रिवेदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल (Gorakhpur Literary Festival) के एह साल के आयोजन 7-8 जनवरी के होटल विवेक उत्सव लॉन, बैंक रोड, एसबीआई मेन ब्रांच के सोझा, गोरखपुर में होई। गोरखपुर में साहित्य के सबसे बड़ आ अनूठा पहल GLF के एह साल के आयोजन में देस के ख्याति प्राप्त साहित्यकार आ कलाकार लोगन के मवजूदगी रही। एह साल के गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल में सामिल होखेम भारतीय जनता पार्टी (BJP) के राष्ट्रीय प्रवक्ता आउर राज्यसभा सांसद सुधांशु त्रिवेदी (Sudhanshu Trivedi) जी। आई जानल जाव इहां के बारे में…

विचारक, विश्लेषक आ राजनीतिक सलाहकार के तौर पs चर्चित हस्ती बानी सुधांशु द्विवेदी जी

सुधांशु त्रिवेदी जी एगो भारतीय राजनेता हई। वर्तमान में भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता आ राज्यसभा सदस्य सुधांशु त्रिवेदी जी के पहचान विचारक, विश्लेषक आ राजनीतिक सलाहकार के रूप में प्रमुखता से होला। इहाँ के देस के राष्ट्रीय नीति, राजनीतिक, सामाजिक मुद्दन आउर खास तौर पs भाजपा के वैचारिक पहलुअन पs बेबाकी से राय राखे खातिर जानल जाला। अक्टूबर 2019 में डॉ॰ त्रिवेदी राज्यसभा सीट खातिर उत्तरप्रदेश से निर्विरोध निर्वाचित घोषित भइलें, विरोध में विरोधी दल के केहुओ नामांकन ना कइलें रहे। इहाँ के सुनल एगो अबकी बार के GLF में एगो खास अनुभव होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]