दिल्ली में पूर्वांचलियन के अपमान पs सियासी घमासान, केजरीवाल के घर के बाहर बीजेपी के हल्ला बोल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 10, 2025

दिल्ली चुनाव के तारीख के एलान हो गइल बा. चुनाव आयोग के ओर से मतदान के तारीख के घोषणा कs दिहल गईल बा।  पांच फरवरी के मतदान होई अवुरी 8 फरवरी के चुनाव नतीजा जारी

Share

केजरीवाल के घर के बाहर बीजेपी के हल्ला बोल

दिल्ली चुनाव के तारीख के एलान हो गइल बा. चुनाव आयोग के ओर से मतदान के तारीख के घोषणा कs दिहल गईल बा।  पांच फरवरी के मतदान होई अवुरी 8 फरवरी के चुनाव नतीजा जारी होई। ओने पूर्वांचली मतदाता के लेके भाजपा अवुरी आम आदमी पार्टी के आमने-सामने हो गईल बा।  पूर्वांचल के जनता के खिलाफ अरविंद केजरीवाल के टिप्पणी के विरोध में भाजपा कार्यकर्ता अवुरी समर्थक अशोक रोड से अरविंद केजरीवाल के आवास पs ‘पूर्वांचल सम्मान मार्च’ निकाल देले बाड़े।  अरविंद केजरीवाल के फिरोज शाह रोड आवास के बाहर प्रदर्शन कइले बाड़े.भाजपा कार्यकर्ता के विरोध के बारे में अरविंद केजरीवाल कहले कि भाजपा विरोध पार्टी बन गईल बिया।
भाजपा कार्यकर्ता के हिरासत में
बता दीं कि विरोध प्रदर्शन के काबू में राखे खातिर दिल्ली पुलिस भाजपा कार्यकर्ता पs वॉटर कैनन के इस्तेमाल कईलस। एकरा अलावे दिल्ली पुलिस भाजपा कार्यकर्ता अवुरी समर्थक के भी हिरासत में लेले बिया। बता दीं कि जबसे दिल्ली में चुनाव के तारीख के एलान भइल तबसे चुनावी उत्साह बढ़ल बा. अईसन स्थिति में हाल ही में आम आदमी पार्टी के नेता संजय सिंह एगो बयान देके कहले रहले कि भाजपा के मतदाता सूची से पूर्वांचल के जनता के वोट काट दिहल जाता। एह पs अरविंद केजरीवाल भी टिप्पणी कइले। अइसना में लगातार बयान दिहल जा रहल बा. बता दीं कि दिल्ली में पूर्वांचल के एगो बड़हन तबका बा जवन दिल्ली में सरकार बनावे में अहम भूमिका निभावेला.
इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.