Jharkhand: झारखंड विधानसभा चुनाव में बीजेपी के बढ़ सकत बा मुश्किल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

अटल विचार मंच एगो राजनीतिक पार्टी हऽ आ पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के विचार के संगे आगे बढ़ता। झारखंड विधानसभा चुनाव में अटल मंच पूरा ताकत से चुनाव लड़ी। पूर्व केंद्रीय विदेश मंत्री यशवंत

Share

अटल विचार मंच एगो राजनीतिक पार्टी हऽ आ पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के विचार के संगे आगे बढ़ता। झारखंड विधानसभा चुनाव में अटल मंच पूरा ताकत से चुनाव लड़ी। पूर्व केंद्रीय विदेश मंत्री यशवंत सिन्हा इ बात कहले। उऽ एतवार के अटल विचार मंच के कार्यालय में पत्रकारन से बात करत रहले। उऽ कहले कि आज भाजपा अपना मूल विचार से भटक भइल बिया। पार्टी में दोसरा दल के नेता के शामिल क के इ पुरनका साथी के संगे अन्याय कर रहल बा। जरुरत पड़ला पर विधानसभा चुनाव में समान विचारधारा वाला दलन के साथे गठबंधन बनावल जाई।

भाजपा के कवनो सार्वजनिक मुद्दा नइखे

यशवंत सिन्हा कहले कि उऽ निजी तौर पs चुनाव ना लड़िहे, बाकिर मंच के उम्मीदवार के पूरा ताकत से उतारल जाई। भाजपा के लगे चुनाव खातिर कवनो सार्वजनिक मुद्दा नइखे। उ खाली सांप्रदायिक ध्रुवीकरण से चुनाव जीतल चाहऽ तिया। उऽ कहले कि भाजपा झारखंड में चुनाव से पहिले राज्य के सांप्रदायिक सौहार्द बिगाड़े के कोशिश करतिया।

उऽ कहले कि पछिला कुछ दिन से असम के मुख्यमंत्री के ओर से झारखंड में दिहल बयान आपत्तिजनक बा। उऽ राज्य सरकार से राज्य में सौहार्द भंग करेवाला लोग के खिलाफ कार्रवाई करे के मांग कइले। उऽ अटल मंच के कार्यकर्ता से कहले कि देश के एकता आ अखंडता खातिर पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के विचार के आगे बढ़ावे में आपन योगदान देस।

सदस्यता अभियान के आगाज

अटल भवन में अटल मंच के सदस्यता अभियान शुरू हो गइल। यशवंत सिन्हा के मंच के सदस्य बनावल गइल। सदस्यता अभियान प्रभारी बतवले कि पहिला दिन करीब दु हजार लोग मंच के सदस्यता लेले। इ संख्या तेजी से बढ़ी आ पूरा झारखंड में इ अभियान चलावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.