[the_ad_group id="30365"]

BJP बदललस कइयन राज्यन में प्रदेश अध्यक्ष, सुनील जाखड़ के पंजाब तs बाबूलाल मरांडी के मिलल झारखंड के कमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

2024 में होेखे वाला लोकसभा चुनाव से पहिले बीजेपी कइयन राज्यन के प्रदेश अध्यक्षन के बदल देले बिया। बीजेपी आवे वाला चुनावन के देखत कइयन राज्यन के प्रदेश अध्यक्षन के बदले के ई फैसला लेले बिया। पार्टी जवन राज्यन में पार्टी अध्यक्ष के बदलले बिया, ओमे तेलंगाना, झारखंड, आंध्र प्रदेश अउर पंजाब राज्य सामिल बा।

एह राज्यन के बदलल गइल प्रदेश अध्यक्ष

बता दीं कि बीजेपी बाबूलाल मरांडी के झारखंड के प्रदेश अध्यक्ष बनवले बिया। एकरा अलावे आंध्र प्रदेश के अध्यक्ष डी पुरंदेश्वरी, पंजाब के प्रदेश अध्यक्ष सुनील जाखड़, केंद्रीय मंत्री किशन रेड्डी के तेलंगाना में भाजपा अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा।

पार्टी जारी कइलस बयान

पार्टी एगो बयान में बतवलस कि केंद्रीय मंत्री किशन रेड्डी के तेलंगाना के भाजपा प्रदेश अध्यक्ष के रूप में नियुक्त कइल गइल बा। ओहिजा, डी. पुरंदेश्वरी के आंध्र प्रदेश भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष के रूप में नियुक्त कइल गइल बा, संगही पहिले सीएम रहल बाबूलाल मरांडी के झारखंड के प्रदेश अध्यक्ष के जिम्मेदारी दिहल गइल। एकरा अलावे सुनील जाखड़ पंजाब के पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइले। एकरा अलावे एटाला राजेंद्र के तेलंगाना भाजपा के चुनाव प्रबंधन समिति के अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा।

पिछिलके साल BJP में सामिल भइल बाड़ें सुनील जाखड़

भाजपा द्वारा चौधरी सुनील जाखड़ के प्रदेश अध्यक्ष के कमान सउलपल गइल। पिछिलके साल सुनील जाखड़, कांग्रेस छोड़के बीजेपी में सामिल भइल रहस। जाखड़ के बढ़िया राजनीतिक तजुर्बा बा अउर उनकर हिन्दू वोट बैंक पs बढ़िया पकड़ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]