[the_ad_group id="30365"]

Birthday Special: एक डांट बदल डिहलस रतन टाटा के जिनगी, जानीं कइसन रहल बिजनेस टाइकून के सफर

रतन टाटा के बर्थडे स्पेशल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टाटा ग्रुप के कई ऊंचाई ले पहुंचावे में रतन टाटा के बहुत बड़ योगदान बा। आज टाटा ग्रुप देश विदेश में बहुत नाम कमा चुकल बा। भले ही रतन टाटा दुनिया में टाटा ग्रुप के नाम देले रहले, बाकिर उs हमेशा जमीन से जुड़ल रहले। आज भले ही रतन टाटा के दुनिया में एगो सफल बिजनेस मैन के रूप में जानल जाला, बाकिर बहुत लोग के इs नईखे मालूम कि उs आपन कैरियर एगो कर्मचारी के रूप में शुरू कईले रहले।

रतन टाटा के पहिला नौकरी टाटा ग्रुप में ना रहे। उs सबसे पहिले आईबीएम में काम कईले रहले। आईबीएम में काम करत घरी ऊ टाटा ग्रुप खातिर रिज्यूमे बनवले रहले. एकरा बाद उs टाटा ग्रुप में शामिल हो गईले। आज रतन टाटा के 87वां जन्मदिन हs आजु रतन टाटा से जुड़ल कुछ महत्वपूर्ण बात के बारे में जानीं.

टाटा ग्रुप से कइसे जुड़ले

रतन टाटा आर्किटेक्चर एंड स्ट्रक्चरल इंजीनियरिंग में डिग्री लेबे खातिर कॉर्नेल विश्वविद्यालय गइलन. डिग्री लेला के बाद उs अमेरिका में काम करे के मन बना लेले रहले, बाकिर दादी यानी लेडी नवजबाई के स्वास्थ्य खराब होखला के बाद उनुका भारत वापस आवे के पड़ल। इहाँ अइला के बाद उs आईबीएम में शामिल हो गईले। पहिला नौकरी के बारे में उनुका परिवार के भी पता ना रहे।

मानल जाला कि ओ समय टाटा ग्रुप के चेयरमैन जेआरडी टाटा के जब रतन टाटा के नौकरी के बारे में पता चलल तs उs बहुत खिसिया गईले। उs रतन टाटा के फोन कs के आपन बायोडाटा साझा करे के कहले। ओह घरी रतन टाटा के रिज्यूमे ना रहे। उ खुद आईबीएम के टाइपराइटर पs टाइप कs के आपन रिज्यूमे बनवले रहले। एकरा बाद उs आपन बायोडाटा जेआरडी टाटा के साझा कईले।

साल 1962 में टाटा इंडस्ट्रीज में नौकरी मिलल। रत्न टाटा भले टाटा परिवार के सदस्य रहले, बाकिर तबहूँ उनुका कंपनी खातीर महत्वपूर्ण काम करे के पड़े। अनुभव मिलला के बाद उs कंपनी के शीर्ष स्थान पs पहुंच गईले। साल 1991 में ऊ टाटा सन्स आ टाटा ग्रुप के अध्यक्ष के पद सम्हरले. एकरा बाद उs 21 साल ले कंपनी के नेतृत्व कईले अवुरी कंपनी के बहुत ऊंचाई ले पहुंचे में मदद कईले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]