[the_ad_group id="30365"]

बीआईटी मेसरा में एह साल से दु गो नया कोर्स: बीएससी इन केमेस्ट्री आ फूड इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी में लीं बीटेक के डिग्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के बेहतरीन तकनीकी संस्थानन में सामिल बीआईटी मेसरा एह साल से दु गो नया कोर्स सुरू करे जा रहल बा। जेमे एगो नेशनल एजुकेशन पॉलिसी के तहत सुरू हो रहल बा। एकरा के बीएससी इन केमेस्ट्री नाम दिहल गइल बा। ओहिजा दूसरका कोर्स केमिकल इंजीनियरिंग डिपार्टमेंट के अंतर्गत फूड इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी बा। एमे बीटेक के डिग्री दिहल जाई।

कुछ अइसे डिजाइन बा बीएससी केमेस्ट्री कोर्स

बीएससी केमेस्ट्री एनईपी के तहत चार साल के होई। जेमे आठ सेमेस्टर होई। जवना के पूरा कइला पs बीएससी केमिस्ट्री ऑनर्स विद रिसर्च के डिग्री दिहल जाई। एमे छात्र कोर्स के बीच में छोडियो के सर्टीफिकेट आ डिग्री प्राप्त कs सकी लो

एह तरे मिली डिग्री

  • पहिला साल में कोर्स छोड़ला पs सर्टिफिकेट दिहल जाई जवन जॉब ओरिएंटेड होई।
  • दूसरका बरिस पूरा कs के कोर्स छोड़ला पs डिप्लोमा
  • तीसरका बरिस के बाद छोड़ला पs बीएससी केमेस्ट्री के डिग्री
  • चार साल पूरा कइला पs बीएससी केमिस्ट्री ऑनर्स विद रिसर्च के डिग्री मिली।

एकरा संगही सर्टिफिकेट आ डिप्लोमा कोर्स पूरा करे वाला छात्र दूसरका आ तीसरको साल में नामांकन ले सकी लो। एमे केमेस्ट्री के अलावे दूसरको विषय पढ़ सकी लो। लैब के ट्रेनिंग इंडस्ट्री ओरिएंटेड होई। एमें ऑनलाइन टेस्ट के माध्यम से नामांकन लिहल जाई। 30 जून तक आवेदन कइल जा सकी। बीआईटी मेसरा में ई पहिला कोर्स होई जवन एनईपी के तहत संचालित होई।

जोसा से मिली फूड इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी में एडमिशन

केमिकल इंजीनियरिंग विभाग के अंतर्गत संचालित होई फूड इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी में बीटेक कोर्स। बीटेक के ई नया कोर्स हs। एमे जोसा काउंसिलिंग के माध्यम से नामांकन लिहल जाई। ई 8 सेमेस्टर आ चार साल के बीटेक कोर्स होई। ई कोर्स केमिकल इंजीनियरिंग विभाग के तहत सेंटर ऑफ फूड इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी के अंतर्गत संचालित कइल जाई। एह कोर्स के माध्यम से फूड प्रोसेसिंग के अलग-अलग आयामन के बोर में पढ़ावल जाई। कोर विषयन के संगे स्टूडेंट्स के इंडस्ट्री के जरूरत के हिसाब से आउर विषयन जइसे डेटा एनालिसीस, मशीन लर्नींग, आर्टिफिशियल लर्निंग आदि विषयन के बारे में बतावल जाई।

का कहत बा लो एक्सपर्ट

बीआईटी मेसरा के डीन एडमिशन एक्रीडिटेशन एंड को-ऑर्डिनेशन डॉ. सुदीप दास बतवलें कि समय के मांग आ जरूरत के देखते ई कोर्स सुरू कइल गइल बा। फूड इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी तेजी से उभरत क्षेत्र बा। ओहिजा बीएससी इन केमेस्ट्री में रिसर्च ओरिएंटेड पढ़ाई होई। संस्थान के इंफ्रास्ट्रक्चर के इस्तेमाल से छात्र पढ़ाई के संगे रिसर्च के क्षेत्रो में बेहतर कs सकी लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]