[the_ad_group id="30365"]

Bird Flu: कोरोना के बाद अब नया बेमारी डेरवावे लागल, H5N1 के प्रसार के लेके WHO चिंतित; कहलस ई अहम बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bird Flu: कोरोना के बाद अब नया बेमारी डेरवावे लागल, H5N1 के प्रसार के लेके WHO चिंतित; कहलस ई अहम बात

कोरोना महामारी का दंश झेलला अबहीं ज्यादा समय नइखे बीतल कि नया एगो बीमारी दस्तक दे देलस। एकरा के लेके विश्व स्वास्थ्य संगठन के बयान सामने आ गइल। डब्ल्यूएचओ कहलस कि मनुष्य में बर्ड फ्लू के मामला बेहद चिंताजनक बा। डब्ल्यूएचओ बियफे के वर्ल्ड फ्लू के H5N1 स्ट्रेन के मनुष्य सहित नया प्रजातियन में बढ़त प्रसार के लेके चिंता जाहिर कइलस।

जेनेवा। कोरोना महामारी के दंश झेलला अबहीं ढेर समय नइखे बीतल कि एगो नया बीमारी दस्तक दे देलस। विशेषज्ञ ए नया बीमारी के लेके चेतावनी जाहिर कर चुकल बाड़े अब विश्व स्वास्थ्य संगठन (WHO) के बयान सामने आ गइल। डब्ल्यूएचओ कहलस कि मनुष्य में बर्ड फ्लू के मामला में बेहद चिंताजनक बा।

डब्ल्यूएचओ बियफे के बर्ड फ्लू के H5N1 स्ट्रेन के मनुष्य सहित नया प्रजातियन में बढ़त प्रसार के लेके चिंता जाहिर कइलस। जवना के मृत्यु दर असाधारण रूप से ज्यादा बा।

विज्ञानी फरार का कुछ कहले ?

संयुक्त राष्ट्र के स्वास्थ्य एजेंसी के मुख्य वैज्ञानिक जेरेमी फरार जिनेवा में पत्रकारन के बतवले कि हमरा नजर में ई (बर्ड फ्लू) अत्यंत चिंता के विषय बा। वर्तमान बर्ड फ्लू के प्रकोप 2020 में शुरू भइल रहे  आ एकरा से करोड़ों पक्षियन के मौत हो चुकल बा। साथही जंगली पक्षी आ समुद्री स्तनधारीयो एकरा से अछूत ना रहले। पिछला माह गाय आ बकरियो ए सूची में शामिल हो गइली।

जेरेमी फरार H5N1 स्ट्रेन पऽ चिंता जतावत कहले कि ई एगो वैश्विक जूनोटिक पशु महामारी बन गईल बा। जूनोटिक से तात्पर्य बा कि अइसन बीमारी जवन जानवारन से इंसान में फैल सकत बिया।

उऽ कहले,

ई बेशक बहुत बड़ चिंता बा कि बत्तखन आ मुर्गियन आ फेर स्तनधारियन के संक्रमित कइला के बाद ई वायरस इंसानन के संक्रमित करे के क्षमता विकसित करऽता। साथहीं एक इंसान से दूसरका इंसान में फइले के क्षमता विकसित कर सकत बा।

बतौर रिपोर्ट, अबहीं ले ए  बात के कवनो सबूत नइखे मिलल कि इन्फ्लुएंजा ए (H5N1) वायरस इंसानन के बीच फइल रहल बा , बाकिर फरार बतवले कि जवन सैकड़न मामला में जानवरन के संपर्क में अइला से इंसान संक्रमित भइल बाड़े, उहाँ मृत्युदर बहुत जादे बा।

केरलो में दिख रहल बा बर्ड फ्लू

भारत में केरल स्थित अलाप्पुझा में बर्ड फ्लू के मामला के पुष्टि भइल बा। अधिकारी बतवले कि एडथवा ग्राम पंचायत के वार्ड-एक के एगो क्षेत्र आ चेरुथना ग्राम पंचायत के वार्ड तीन के एगो आउर क्षेत्र में पालतू बत्तखन में बर्ड फ्लू के पुष्टि भइल बा।

बता दी कि बत्तखन में बीमारी के लक्षण दिखाई देलस जवना के बाद ओकर परीक्षण भइल आ संक्रमण पावल गइल। अइसे में सुरक्षित तरीका से ओकरा से निपटे के प्रक्रिया शुरू करे के निर्णय लिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]