दुनिया के सबसे बड़ क्रिप्टोकरेंसी एक्सचेंज Binance में संभावित साइबर हमला के खबर से पूरा क्रिप्टो बाजार में हड़कंप मच गइल बा। ब्लॉकचेन एनालिटिक्स प्लेटफॉर्म Chainalysis के अनुमान के मुताबिक, चोरी भइल क्रिप्टोकरेंसी के कुल कीमत करीब 5.912 अरब डॉलर बतावल जा रहल बा। हालांकि, Binance अभी तक यूजर्स के फंड चोरी होखे के आधिकारिक पुष्टि नइखे कइले। कंपनी के कहना बा कि यूजर्स के पैसा सुरक्षित बा आ ओकर सुरक्षा टीम पूरा मामला के जांच करतिया।
Binance यूजर्स के चेतावनी देले बा कि ऊ फर्जी मैसेज, अनजान लिंक आ अकाउंट के जानकारी मांगे वाला संदिग्ध अनुरोध से सावधान रहें। कंपनी के मुताबिक, सुरक्षा से जुड़ल रिपोर्ट मिलते जांच शुरू कर दिहल गइल बा।
बिटकॉइन के कीमत में भारी गिरावट
Binance में संभावित हैकिंग के खबर सामने अइला के बाद बिटकॉइन के कीमत में करीब 3.7 फीसदी तक गिरावट दर्ज कइल गइल। एकर कीमत 79,000 डॉलर के नीचे पहुंच गइल, जवन सितंबर के बाद के सबसे निचला स्तर बतावल गइल।
क्रिप्टो डेटा प्लेटफॉर्म Velo Data के सीईओ आ सह-संस्थापक फ्रेडरिक कॉलिन्स के मुताबिक, Binance के हैक होखे के अफवाह के चलते क्रिप्टोकरेंसी के कीमत पर दबाव पड़ रहल बा। उनका कहनाम बा कि Binance जइसन बड़ एक्सचेंज पर निवेशकन के भरोसा कमजोर होखला के असर पूरा क्रिप्टो इंडस्ट्री पर पड़ सकेला।
2.5 अरब डॉलर के फंड कइल गइल फ्रीज
रिपोर्ट के मुताबिक, संभावित चोरी रोके खातिर Binance करीब 2.5 अरब डॉलर के फंड फ्रीज कइले बा। हालांकि, एह कार्रवाई आ कथित चोरी से जुड़ल पूरा जानकारी के स्वतंत्र पुष्टि अभी बाकी बा।
Binance के प्रवक्ता बतवले कि कंपनी सुरक्षा समस्या से जुड़ल रिपोर्ट पर नजर रखले बिया। को-फाउंडर चांगपेंग झाओ भी एक्सचेंज के संभावित हैकिंग के आशंका जतवले बाड़न। कंपनी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पर भी यूजर्स के फंड सुरक्षित होखे के बात दोहरवले बिया।
2026 में 4.6 अरब डॉलर के नुकसान रोके के दावा
Binance के 23 अक्टूबर के प्रेस रिलीज के मुताबिक, 2026 के पहिला छमाही में ओकर AI आधारित सुरक्षा सिस्टम संभावित क्रिप्टो नुकसान रोके में मदद कइले बा। कंपनी एह दौरान करीब 4.6 अरब डॉलर के संभावित नुकसान रोके आ 80 लाख से अधिक यूजर्स के सुरक्षा में मदद करे के दावा कइले बिया।
पहिले Bybit से भइल रहे 1.5 अरब डॉलर के चोरी
क्रिप्टो एक्सचेंज पर साइबर हमला के ई पहिला मामला नइखे। साल 2025 में उत्तर कोरिया से जुड़ल हैकरन पर Bybit एक्सचेंज से करीब 1.5 अरब डॉलर के क्रिप्टोकरेंसी चोरी करे के आरोप लागल रहे। एह घटना के बाद दुनिया भर के क्रिप्टो एक्सचेंज के सुरक्षा व्यवस्था पर सवाल उठल रहे।
क्रिप्टो बाजार खातिर काहे खतरनाक बा हैकिंग?
कवनो बड़ क्रिप्टो एक्सचेंज पर साइबर हमला के खबर से पूरा बाजार प्रभावित हो सकेला। एकरा चलते यूजर्स घबराहट में आपन पैसा निकाले लगेलें। अचानक निकासी बढ़ला से एक्सचेंज के लिक्विडिटी पर दबाव पड़ सकेला।
एकरा अलावा निवेशकन के भरोसा कमजोर होखेला आ भारी बिकवाली के चलते बिटकॉइन समेत दोसरा क्रिप्टोकरेंसी के कीमत में तेजी से उतार-चढ़ाव आ सकेला।
फिलहाल Binance से जुड़ल कथित हैकिंग के पूरा सच्चाई आधिकारिक जांच के बादे सामने आई। एहसे 5.9 अरब डॉलर के चोरी के आंकड़ा के अंतिम मानल अभी जल्दबाजी होई।







No comments yet. Be the first to comment!