Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पुलिसिया कार्रवाई: बिहार के 50 हजार के इनामी संजय सिंह रांची में गिरफ्तार

643

रांची के सदर थाना क्षेत्र में पांडव सेना के सरगना आ कुख्यात अपराधी संजय सिंह उर्फ संजय कुमार छिपके लमहर समय से रहत रहे। ओकरा के मंगर के देर रात बिहार एसटीएफ गिरफ्तार कs लेलस। बुध के ओकरा के ट्रांजिट रिमांड पs पटना ले गइल। बिहार के धनरूआ थाना के नीमा के रहे वाला कुख्यात संजय पs बिहार पुलिस 50 हजार के इनाम रखले बा। रांची में ऊ किराया के मकान में पत्नी के संगे रहत रहे। ऊ आपन नाम शर्माजी रख लेले रहे। संजय के बिहार एसटीएफ पिछला छव महीना से ढूंढ रहल बा।

दु दिनन पहिले टीम के सूचना मिलल कि ऊ रांची के सदर थाना इलाका में किराया के मकान में रहत रहे। पुलिस ओकरा के रांची इस्थिति घर से एगो रायफल, एगो मैग्जीन, 21 कारतूस, जिओ के दु राउटर आ चार माेबाइल बरामद कइल लो। सदर थाना में संजय पs आर्म्स एक्ट के तहत केस दर्ज कइल गइल बा। रांची पुलिस ओकरा अपना केस में जेल भेज दिहल। अब पटना पुलिस ओकरा पs दर्ज 17 केस के संबंध में पूछताछ करी। संजय हमेशा इंटरनेट काॅल करत रहे, एहिसे पुलिस के पकड़ में ना आवत रहे। एसटीएफ के संजय के एगो करीबी सूचना देले रहे।

पूर्व विधायक के दु भाइयन समेत 4 के हत्या के आराेपी

संजय सिंह पs अरवल से भाजपा के पूर्व विधायक चितरंजन शर्मा के दु भाइयन शंभू सिंह आ गाैतम सिंह के हत्या में पत्रकारनगर थाना में केस दर्ज बा। पिछला साल 31 मई के दुनाे भाइयन के हत्या भइल रहे। एह केस में संजय के भाई रंजय सिंह सरेंडर कइले रहे।

चितंरजन के दु करीबी रिश्तेदारन, जहानाबाद के कराैना ओपी इलाके में अभिराम शर्मा आ मसाैढ़ी थाना क्षेत्र में दिनेश शर्मा, के हत्या में संजय आराेपी बा। 34 दिन में चितरंजन के दु भाइयन समेत चार करीबी रिश्तेदारन के हत्या के बाद पुलिस महकमा में हड़कंप मच गइल रहे। संजय पs बिहार के अलग -अलग थाना में कुल 17 केस दर्ज बा।

694900cookie-checkपुलिसिया कार्रवाई: बिहार के 50 हजार के इनामी संजय सिंह रांची में गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.