Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Weather Alert : बिहार के 19 जिलन में बरखा के रेड अलर्ट जारी, घर से निकले से बचीं, सावधान रही

Bihar Weather : मौसम विभाग लोगन से अपील कइले बा कि खराब मौसम के दौरान अपना पशुधन आ खुद के बाहर निकलला से बचीं। मौसम साफ होखला पs आपन काम पूरा  करीं। आंधी के दौरान संवेदनशील संरचनन से दूर रहीं आ मेघगर्जन के दौरान पेड़-पवधन के नीचे शरण मत लीं।

197

बिहार के सब जिलन में आज माने सनीचर के बरखा के आसार बा। एमे से 19 जिलन के अधिकांश जगहन पs भारी बरखा के आसार बा। मौसम विभाग एह इलाकन में रेड अलर्ट जारी कइले  बा। एह इलाकन में अति भारी आ अत्यंत भारी बरखा के आसार जतावल गइल बा। मौसम विभाग एह इलाकन में लोगन से अपना घरन से ना निकले के अपील कइले बा। एकरा अलावे बाकी के 19 जिलन में मध्यम से भारी बरखा के आसार जतावल गइल बा।

एह जिलन में रेड अलर्ट जारी

पश्चिम-पूर्वी चंपारण, सीवान, सारण, गोपालगंज, सीतामढ़ी, मधुबनी, मुजफ्फरपुर, दरभंगा, वैशाली, शिवहर, समस्तीपुर, सुपौल, अररिया, किशनगंज, मधेपुरा, सहरसा, पूर्णिया आ कटिहार में अधिकांश जगहन पs अत्यंत भारी बरखा के आसार जतावल गइल बा। एह जिलन के तापमान के बात करीं तs एह जिलन में अधिकतम तापमान 32 से 34 डिग्री आ न्यूनतम तापमान 24 से 26 डिग्री रही।

इहां पs हलुका बरखा आ वज्रपात के आसार

बेगूसराय, नालंदा, पटना, समस्तीपुर, सारण, वैशाली, अरवल, भोजपुर, जहानाबाद, मुजफ्फरपुर, गोपालगंज, दरभंगा, पश्चिम चंपारण, पूर्वी चंपारण, शिवहर, सीतामढ़ी, मधुबनी, खगड़िया, मुंगेर, सहरसा में अगिला दु से तीन घंटा में मेघ गर्जन, वज्रपात आ बरखा के आसार जतावल गइल बा।

नवादा में 3 आ औरंगाबाद में 2 लोगन के वज्रपात से मौत

बिहार में मॉनसून के दस्तक के संगही बरखा सुरू होखतही वज्रपात के कहर बरपावे लागल बा। औरंगाबाद में सुक के दुपहरिया से सांझ ले बिजली गिरला के दु गो घटनन में दु लोगन के मौत हो गइल। ओहिजा नवादा जिला में वज्रपात के कारण तीन जुवकन के मौत हो गइल, जबकि मवका पs मवजूद 4 जुवक बुरा तरे से झुलस गइल।

मौसम विभाग सावधानी बरतला के अपील कइलस 

मौसम विभाग लोगन से अपील कइले बा कि खराब मौसम के दौरान अपना पशुधन आ खुद के बाहर निकलला से बचाई। मौसम साफ होखला पs आपन काम पूरा करीं। आंधी के दौरान संवेदनशील संरचनन से दूर रहें आ मेघगर्जन के दौरान पेड़-पवधा के नीचे शरण मत लीं। ओलावृष्टि के बेरा सुरक्षित स्थान पs जाकर बइठ जाई।

582970cookie-checkBihar Weather Alert : बिहार के 19 जिलन में बरखा के रेड अलर्ट जारी, घर से निकले से बचीं, सावधान रही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.