बिहार: केंद्रीय मंत्री नित्यानंद राय के 2 गो भांज में खूनी झड़प, फायरिंग में एगो के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2025

बिहार के भागलपुर जिला से बड़ खबर सामने आईल रहे। इहाँ केंद्रीय मंत्री नित्यानंद राय के दु भतीजा के बीच खूनी झड़प भईल।  जानकारी के मुताबिक केंद्रीय मंत्री के भतीजा अपना भाई के गोली मार

Share

बिहार के भागलपुर जिला से बड़ खबर सामने आईल रहे। इहाँ केंद्रीय मंत्री नित्यानंद राय के दु भतीजा के बीच खूनी झड़प भईल।  जानकारी के मुताबिक केंद्रीय मंत्री के भतीजा अपना भाई के गोली मार देले बाड़े। एह फायरिंग में केंद्रीय मंत्री के एगो भतीजा के मउत हो गइल बा.  एकरा संगे नित्यानंद राय के दुसरका भतीजा गंभीर रूप से घाही हो चुकल बाड़े। एह पूरा मामला के बारे में हमनी के बतावल जाव।

झड़प काहे भईल?


अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक बिहार के भागलपुर में केंद्रीय मंत्री नित्यानंद राय के दु भतीजा के बीच पानी के छोट-मोट विवाद के लेके खूनी झड़प भईल बा।  मंत्री के भतीजा अपना ही भाई के गोली मार देले।  ए घटना में मंत्री के एक भतीजा के मौत हो गईल बा, जबकि दूसरा भतीजा गंभीर रूप से घाही हो गईल बा। 

माई के हाथ में भी गोली लाग गईल

भागलपुर में भइल एह आपराधिक विवाद में नित्यानंद राय के भतीजा विकल यादव के मौत हो गइल बा. एकरा संगे उनुका दुसरका भतीजा जयजीत यादव के हालत गंभीर बतावल जाता।  घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक भाई के बीच भईल विवाद में हस्तक्षेप करे आईल महतारी के भी हाथ में गोली लाग गईल।

नित्यानंद राय के हवें?


नित्यानंद राय भारतीय जनता पार्टी के नेता अवुरी केंद्र में पीएम मोदी के नेतृत्व वाली एनडीए सरकार में जानल-मानल मंत्री हवे। उs बिहार के उजियारपुर लोकसभा सीट से सांसद बाड़े। नित्यानंद राय मोदी सरकार में केंद्रीय गृह राज्यमंत्री के रूप में काम कर रहल बाड़े। एकरा से पहिले उs केंद्रीय गृह राज्यमंत्री के पद पs भी रहले। 2014 में सांसद बने से पहिले नित्यानंद राय लगातार 4 बार बिहार विधानसभा में चुनल गईले।

इहो पढ़ी: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.