[the_ad_group id="30365"]

बिहार के निजी स्कूल के बड़ कारनामा! फीस जमा नाहीं होले पs दु लइकन के बनवलस बंधक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सहरसा जिला के सिमरी बख्तियारपुर से एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा।  बख्तियारपुर थाना के मधुवन गांव के एगो निजी स्कूल में दु लइकन के बंधक बना के राखल गईल।  माई-बाप घंटन अपना लइकन के इधर-उधर खोजत रहले।  जानकारी के मुताबिक मोहम्मद सलीम के दु लइकन कोलंबस पब्लिक स्कूल में पढ़ेला।  जब उनुकर पत्नी रेशमा खातून पुलिस के बतवली कि उनुका लइका के कोलंबस पब्लिक स्कूल के मैनेजर बंधक बना लेले बाड़े तs पुलिस के भी अचरज भईल।  एकरा बाद पुलिस स्कूल पहुंचल अवुरी बहुत मेहनत के बाद लइकन के मुक्त कs देलस।

स्कूल के फीस देवे के रहे
पुलिस के कहनाम बा कि महिषी थाना अंतर्गत राजनपुर गांव के रेशमा खातून के कहनाम बा कि उनुका लइकन के एगो स्कूल बंधक बना के रखले बा। रेशमा करीब डेढ़ साल से कोलंबस पब्लिक स्कूल में अपना दुनो लइकन के पढ़ावत बाड़ी अवुरी स्कूल के फीस भी नियमित रूप से दे रहल बाड़ी,  बाकिर अबकी बेर कवनो कारण से उs स्कूल के फीस ना दे पवली अवुरी स्कूल के फीस बढ़ के 11 हजार रुपिया हो गईल। इहाँ जब स्कूल प्रबंधन के ओर से फीस जमा करे के कहलस तs रेशमा कहली कि जल्दी स्कूल के फीस जमा करावल जाए। एकरा बाद जब जाड़ा बढ़ल तs दिसंबर महीना से स्कूल के गाड़ी में लईकन के भेजे लगली।

11 के जगह 24 हजार के मांग कईले
पिछला सोमार के दिने स्कूल के प्रबंधक मो.  शब्बीर दुनो लइकन के स्कूल में रोक के घरे ना जाए देले। बहुत देर तs लइकन के अइला से परेशान रेशमा लइकन के खोजे लगली।  जब उनुका इs खबर मिलल कि लईका स्कूल में बाड़े, जब उs अपना परिवार के संगे उहाँ पहुंचली तs स्कूल के डायरेक्टर अवुरी बाकी शिक्षक लइकन के कमरा में बंद कs के उनुका अवुरी उनुका परिवार के संगे बदसलूकी कईले अवुरी उनुका के धकेल देले।  एकरा बाद स्कूल मैनेजर रेशमा से कहले कि 24 हजार रुपया ले आव नाही तs बच्चा के हत्या हो जाई।  एकरा बाद रेशमा थाना बख्तियारपुर पहुंच के पूरा कहानी सुनवले।
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]