[the_ad_group id="30365"]

Bihar Police Suspend: छपरा के SP गौरव मंगला 8 पुलिसकर्मियन के कइले सस्पेंड, जेल भेजे के तैयारी, का बा मामला?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Crime News: बालू माफिया से पइसा लेनदेन के लेके एगो ऑडियो वायरल भइल रहे। एकरा जांच के जिम्मेदारी एसडीपीओ के दिहल गइल रहे। जांच में मामला सही पावल गइल।

सारण के पुलिस अधीक्षक डॉ. गौरव मंगला आठ गो पुलिसकर्मियन के सस्पेंड कर दिहले। कुल पुलिसकर्मियन के जेल भेजे के तैयारी हो रहल बा। पुलिस अधीक्षक के बालू माफिया से पइसा लेवे के सूचना मिलल रहे। एकरा से जुड़ल एगो ऑडियो सामने आइल बा जवना में पइसा के लेनदेन के लेके बात हो रहल बा। एकरा बाद बुध (10 अप्रैल) के एसपी ई कार्रवाई कइले बाड़े।

ए पूरा मामले में सारण के पुलिस अधीक्षक डॉ. गौरव मंगला एसडीपीओ सदर राजकिशोर सिंह के जांच खातिर निर्देश देले रहले। जांच के बाद मामला सही पावल गइल। एसडीपीओ सदर राजकिशोर सिंह मीडिया से बतवले कि ऑडियो वायरल भइल रहे।एसपी हमरा के जांच के आदेश देले रहले।

एसडीपीओ कहले कि वायरल ऑडियो के आधार पऽ भगवान बाजार थाना में जाके जांच कइनी सन। हमनी के गश्ती करावेनी सन ए खातिर कि अवैध बालू भा अपराधी के पकड़ल जा सके। जांच में ए बात के पता चलल कि दुनु गश्ती टीम (थाना और 112) के पदाधिकारी आ ड्राइवर रहे। पासर गैंग के साथे मिलके पइसा लेके ट्रक पास करवात रहे। ऑडियो के जांच कर के पहचान करावल गइल आ फेर जवन संबंधित पदाधिकारी रहले उनका के बतावल गइल तऽ उऽ लोग सकारल कि उनका से गलती भइल बा।

उऽ बतवले कि दुनु टीम में पदाधिकारी आ ड्राइवर समेत आठ सदस्यन के खिलाफ जांच रिपोर्ट पुलिस अधीक्षक के सउँपल गइल। एफआईआर दर्ज कर के उऽनका लोग के हिरासत में भेजल गइल बा।

एसपी डॉ. गौरव मंगला का कहले ?

पुलिस अधीक्षक डॉ. गौरव मंगला कहले कि भगवान बाजार थाना में आठ पुलिस पदाधिकारियन पऽ कांड संख्या 175/24 दिनांक 10.04.2024 के धारा 384/385 के तहत दर्ज कइल गइल बा। सब कोई के न्यायिक हिरासत में भेजल जा रहल बा। बालू माफिया से सांठगांठो में कुल शामिल रहले।

जवना लोगन के जेल भेजल जा रहल बा ओमे सब इंस्पेक्टर अजीत प्रसाद, एएसआई किरण कुमारी, सिपाही मनोज कुमार, सिपाही सरिता कुमारी, सिपाही नेहा कुमारी, सिपाही शिल्पी कुमारी, चालक संतोष कुमार आ चालक श्याम किशोर सिंह शामिल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]