Bihar Sipahi Bharti Exam: हाजीपुर में सिपाही भर्ती परीक्षा के लेके होटल में छापामारी, पुलिस के देखते मचल हड़कंप

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 7, 2024

अबकी बेर बिहार में सिपाही बहाली के परीक्षा शुरू होखे से पहिलहीं बिहार पुलिस तइयार हो गइल बिया। हाजीपुर में एकरा के लेके बहुत होटल लॉज में छापामारी कइल गइल बा। एह छापामारी के दौरान

Share

अबकी बेर बिहार में सिपाही बहाली के परीक्षा शुरू होखे से पहिलहीं बिहार पुलिस तइयार हो गइल बिया। हाजीपुर में एकरा के लेके बहुत होटल लॉज में छापामारी कइल गइल बा। एह छापामारी के दौरान होटल में ठहरल बहुत लोग से पूछताछ भइल। होटल मैनेजरो से पूछताछ कइल गइल। हाजीपुर में सिपाही बहाली परीक्षा खाती 25 केंद्र बनावल गइल बा।

पिछला मंगर के रात सदर 1 एसडीपीओ ओमप्रकाश के नेतृत्व में शहर के अलग-अलग आवासीय होटल अउरी लॉज में सिपाही कार्यकर्ता परीक्षा के संबंध में छापामारी कइल गइल। छापामारी के दौरान पुलिस अधिकारी छात्रा अउरी होटल में रहेवाला बाकी लोग से पूरा तरीका से पूछताछ कइले। एह दौरान पुलिस होटल में रहेवाला छात्र आ बाकी लोग के आधार अउरी बाकी दस्तावेज के जांचो कइलस।

होटल में ठहरल लोग से पूछताछ जारी बा

एकरा संगे-संगे पुलिस अधिकारी होटल प्रबंधक से होटल में रहेवाला छात्र आ बाकी लोग के बारे में विस्तृत जानकारी लेले। पुलिस हाजीपुर शहर में स्टेशन के नजदीक कई गो होटल अउरी लॉज पs छापामारी कइलस। अचानक देर रात पुलिस के अइला के चलते होटल में हंगामा मच गइल।

हाजीपुर में कांस्टेबल भर्ती परीक्षा के 25 केन्द्र 

हालांकि पुलिस अधिकारी बतवले कि होटल में ठहरल आदमी के सिपाही बहाली परीक्षा खातिर जांच कइल जाता। बता दी कि हाजीपुर में सिपाही बहाली परीक्षा खाती 25 केंद्र बनावल गइल बा। परीक्षा 7,11,18,21,25,28 अगस्त के 25 केंद्र में करावल जाई। सभ केंद्र में परीक्षा शुरू हो गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.