पटना। बिहार में शिक्षक आ स्नातक निर्वाचन के लेके सियासी सरगरमी तेज हो गइल बा। ओहिजा, राष्ट्रीय जनता दल (राजद) जब जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के महागठबंधन में सामिल होके फेर सरकार बनावे के ऑफर देलस, तs ओकरा बाद से प्रदेश के राजनीति गरमा गइल बा। एह सब के बीच आज जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार अपना विधायक, विधान परिषद सदस्य, पार्टी के वरिष्ठ नेता आ मंत्रियन के संगे एगो महत्वपूर्ण बैठक बोलवले बाड़ें।
बैठक में सामिल होखे खातिर पार्टी के सब वरिष्ठ नेता, मंत्री, विधायक आ विधान परिषद सदस्य जदयू के प्रदेश कार्यालय पहुंच चुकल बा लो। कर्पूरी सभागार में पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश कुमार के अध्यक्षता में बैठक सुरू भइल। नीतीश कुमार पार्टी के कार्यकारी अध्यक्ष संजय झा, प्रदेश अध्यक्ष उमेश कुशवाहा, उपमुख्यमंत्री विजय चौधरी आ स्वास्थ्य विभाग के मंत्री निशांत कुमार के संगे दीया जराके बैठक के सुभारंभ कइलें।
बतावल जा रहल बा कि आज के बैठक में विधायी कामकाज, कानून बनावे के प्रक्रिया, प्रश्नकाल सहित विधानसभा आ विधान परिषद से जुड़ल कइयन गो मुद्दन पs जानकारी दिहल जाई। हालांकि, सूत्रन के मोताबिक, नीतीश कुमार समान नागरिक संहिता (यूसीसी), जदयू के नामकरण आ राजद के ओर से मिलल सरकार बनावे के ऑफर सहित कइयन गो राजनीतिक मुद्दन पs पार्टी के नेतन से बातचीत कs सकेलें।
यूसीसी के लेके जदयू में के का कहलस?
यूसीसी के लेके जदयू में अलग-अलग राय सामने आ चुकल बा। पार्टी के वरिष्ठ नेता आ विधायक श्याम रजक साफ कह चुकल बाड़ें कि बिहार में यूसीसी लागू ना होखे दिहल जाई। उनकर कहनाम रहे कि बिहार में एनडीए के सरकार बिया आ जदयू के नेता नीतीश कुमार सुरुआते से यूसीसी के विरोध करत आइल बाड़ें। अइसन में एनडीए सरकार में जदयू यूसीसी लागू ना होखे दी।
ओहिजा, उपमुख्यमंत्री विजय कुमार चौधरी कहलें कि सबसे पहिले ई देखे के होई कि यूसीसी विधेयक के कवन रूप में पेश कइल जाता। उनका मोताबिक पार्टी के राष्ट्रीय कार्यकारी अध्यक्ष पहिलही कह चुकल बाड़न कि प्रावधानन के समीक्षा कइला के बाद गृह मंत्री अमित शाह से सीधे बातचीत कइल जाई। एकरा बाद पार्टी के बैठक होई आ जदयू के भीतर एह मुद्दा पs विचार-विमर्श कइल जाई।
विजय चौधरी कहलें कि पार्टी के विचार-विमर्श के बादे कवनो फैसला लिहल जाई। जदि पार्टी के कवनो तरे के चिंता भा समस्या नजर आवत बा, तs गृह मंत्री से ओकर समाधान करे के अनुरोध कइल जाई।
एमएलसी चुनाव के लेके बैठक अहम
आठ सीट पs होखे वाला एमएलसी चुनाव के मद्देनजर ई बैठक महत्वपूर्ण बा। नीरज कुमार आ अनंत सिंह के बीच चल रहल तकरार के देखत दुनो के बीच सुलह करावे के कोसिस हो सकेला।
एकरा अलावे पार्टी के मुद्दा आ सरकार के कामकाज पs बैठक में चरचा होखे के संभावना बा। बिहार में बाढ़ के इस्थिति के लेके नीतीश कुमार अपना टीम के कुछ जरूरी निरदेस दे सकेलें।
कुल मिलाके आज के बैठक में बिहार से जुड़ल कइयन गो महत्वपूर्ण मुद्दा पs चरचा होखे के संभावना बा। राजद के ऑफर पs वरिष्ठ पत्रकार प्रवीण बागी कहलें कि नीतीश कुमार अइसन राजनीतिक दांव-पेंच से परिचित बाड़ें। अब ऊ एह तरे के बात पs बहुत जादे धेयान नइखन देत। अइसन में ऊ अपना पार्टी के नेता लाेगन के अइसन राजनीतिक बयान आ गतिविधियन से दूरी बनावे के सलाह दे सकेलें।
साभार: अमर उजाला
Read Also: Bhojpuri Sangam : भोजपुरी संगम के 199वीं बइठकी सम्पन्न, साहित्यकारन के रचनन से गुलजार रहल कार्यक्रम






